नेपाल आस्ट्रेलिया प्रजातान्त्रिक मञ्च गरुडा मे राहत बँटलख

वीरगंज ०४ अगहन

रौतहट जिल्ला के गरुडा नगरपालिका मे नेपाल आस्ट्रेलिया प्रजातान्त्रिक मञ्च के सहजोग मे राहत सामान बाँटल गईल बा ।

नेपाली कांग्रेस के केन्द्रिय सदस्य एवं तराई मधेस समन्वय विभाग प्रमुख अजय कुमार चौरसिया आजु एगो कार्जक्रम के बीच १०० जने गरिब, विपन्न परिवार के राहत बँटले बानी ।

उ राहत बितरण कार्जक्रम मे एक घरधुरी के २५ किलो चाउर, २ किलो दाल, १ किलो नुन, तेल आ साबुन बाँटत शुभ दिपावली तथा छठ पर्व के नेता चौरसिया शुभकामना भी देहले रहनी ।

कार्जक्रम मे गरुडा नगरपालिका के उपप्रमुख रंगीला कुमारी जैसवाल, समाज सेवी सरोज चौरसिया, नेपाली कांग्रेस के युवा नेता धीरज कुमार गुप्ता एवं स्थानीय नेता तथा कार्यकर्तालोग के उल्लेखनिय सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।