कोभिड १९ संक्रमण रोकथाम आ नियन्त्रण के खातिर अभिमुखिकरण

प्रभु यादव
बारा ०४ अगहन
कोभिड–१९ के संक्रमण रोकथाम आ नियन्त्रण करे खातिर बारा आ पर्सा के पालिका मे अभिमुखिकरण कार्जक्रम कईल गईल बा ।
युनिसेफ के सहजोग आ जन जागरण युवा क्लव बारा के सहकार्य मे संचालित कोभिड–१९ पूर्वतयारी तथा प्रतिकार्य कार्जक्रम बारा आ पर्सा अन्तर्गत बारा आ पर्सा मे सचेतना जगावे खातिर अभिमुखिकरण कार्जक्रम कईल गईल बा ।
सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका पर्सा के श्रीपुर पचगावा के स्वास्थ्य चौकी, पकहा मैनपुर गा.पा., बिन्दबासनी गा.पा., पटेर्वा सुगौली गा.पा., छिपहरमाई गा.पा. पालिका अन्तर्गत रहल स्वास्थ्य चौकी के कार्यालय सहजोगी तथा सरसफाइकर्मी कर के प्रत्येक पालिका से १५ जने स्वास्थ्यकर्मी के पालिका के स्वास्थ्य संयोजक लोग के रोहबर मे कोभिड–१९ संक्रमण रोकथाम आ नियन्त्रण के खातिर अभिमुखिकरण करावल गईल ।
जन जागरण युवा क्लब बारा के कार्जक्रम संयोजक नरेश प्रसाद साह अभिमुखिकरण संचालन कईले रहनी ।
ओईसही
बारा के करैयामाई गा.पा., बारागढी गा.पा., पचरौता न.पा., सिम्रौनगढ न.पा. आ कोल्हवी न.पा.के स्वास्थ्य संयोजक लोग के रोहवर मे अभिमुखिकरण पुरा भईल बा ।
बारा आ पर्सा कर के एक सय ५० जने के अभिमुखिकरण मे सहभागी करा के सचेत रहे के आ राखे के खातिर निहोरा कईल गईल रहे ।
अभिमुखिकरण मे सहभागी भइल लोग के सेनिटाईजर, माक्स, गल्भस आ मुह के चेहरा छुपावेला सिसा के ढकन समेत देहल गईल संयोजक साह जानकारी करावले बानी ।






