जिराभवानी मे अनेकन पार्टी छोड के करिब ७ सय जने नेपाली कांग्रेस मे प्रवेश कईलें

वीरगंज १२ अगहन

पर्सा के निर्वाचन क्षेत्र नं. ४ अन्तर्गत पडेवाला जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नं. ५ शंकर सरैया मे आजु नेपाली कांग्रेस के वृहत पार्टी प्रबेश कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

शंकर सरैया के सखुवनीया बजार मे भईल पार्टी प्रबेश कार्जक्रम के सम्बोधन करत नेपाली कांग्रेस के केन्द्रिय सदस्य रमेश रिजाल सरकार के ज्याददती बढत गईल आरोप लगवनी ।

अभी के सरकार काण्डे काण्ड के सरकार भईल वतावत नेता रिजाल सरकार के नेतृत्व करेवाला प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली हि भ्रष्टाचारी के संरक्षक भईल आरोप लगवनी ।

भ्रष्टाचारी के संरक्षण करत सरकार ब्रह्मलूट मचईला से आवेवाला निर्वाचन मे नेपाली काँग्रेस के सरकार होखेके नेता रिजाल दावी कइनी ।

उ कहनी, “अभी के सरकार के पाल मे काण्डै काण्ड हो रहल बा, जनता शान्ति सुरक्षा भी अनुभुति करे नइखन सकल ।

ई सरकार के पाला मे हत्या, बलात्कार, हिंसा मे वृद्धि भईला के साथे जमिन काण्ड, जहाज खरिद काण्ड, सुनकाण्ड लगायत के काण्डै काण्ड सरकार कईले बा ।”

उ कहनी, “अभी जनानी, लइकी भी सुरक्षित नइखी, दिनदहाडे अपराधि घुम रहल बाडन । ज्यादती के पराकाष्टा ह । सरकार पुलीस, कर्मचारी, अदालत कब्जा करेमे लागल बा ।

हमनी के प्रधानमन्त्री रात के समय मे प्रधान न्याधिश से भेट करेनी, जउन अचारसंहित से भी ना मिली ।”

कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी भी रहल नेता रिजाल राजनितिक स्वतन्त्रता प्राप्त भईला पर भी धार्मिक, समाजिक आ आर्थिक स्वतन्त्रता प्राप्त ना भईल बतवनी ।

राजनितिक स्वतन्त्रता के खातिर नेपाली कांग्रेस लडाई लडल बतावत नेता रिजाल अब आर्थिक स्वतन्त्रता के खातिर लडाई लडेके वतवनी ।

नेपाली कांग्रेस के उ जिम्मेवारी अभी बाकी हि रहल उनकर कहनाम रहे ।
कार्जक्रम के विशिष्ट अतिथी नेपाली कांग्रेस पर्सा के सभापति अजय द्विवेदी नेपाली कांग्रेस के विकल्प ना रहल बतवनी ।

बर्तमान सरकार से कर रहल भ्रष्टाचार तथा अन्याय अत्याचार अन्त्य करे खातिर एक मात्र बिकल्प नेपाली काँग्रेस पार्टी रहल उनकर कहनाम रहे ।

उ कहनी, “नेपाली काँग्रेस मात्र एगो ओईसन पार्टी ह, जहाँ हरेक क्षेत्र मे आदिवासी जनजाती, मदेशी, दलित, मुस्लिम के भविष्य निर्माण के खातिर राणा शासन से अभी तक काँग्रेस लडत आईल बा । ओहिसे नेपाली कांग्रेस के विकल्प नइखे ।”

नेपाली कांग्रेस जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नं. ५ वार्ड कमिटी के आयोजना मे भईल कार्जक्रम मे वार्ड अन्तर्गत के हरैया, सखुवनिया, शंकरसरैया तथा कोढौली के करिब ७ सय जने नेता कार्यकर्ता अनेकन पार्टी छोड के नेपाली कांग्रेस मे प्रबेश कईले रहलन ।

राप्रपा के गणेश राउत थारु, मोहन राउत थारु, सोहन राउत, सत्यदेव राउत, रामराज राउत थारु, दुखा भैया, गणेश भैया, अलपत्र भैया, मुक्तिनारायण दास, सुरेश दास, लालदेव दास, माया राउत अहिर, बिरजा राउत थारु, राजेश माझी, प्रमोद माझी, बिनोद माझी लगायत नेपाली काँग्रेस प्रबेश कईले बाडन ।

नव प्रबेशीलोग के नेता रमेश रिजाल आ प्रदेश सांसद शंकर चौधरी अबिर के टिका तथा माला पहिना के पार्टी मे स्वागत कईले रहलन ।

पार्टी प्रबेश करेवाला गणेश राउत राप्रपा से जिराभवानी गाँवपालिका के वार्ड नं. ५ के वार्ड अध्यक्ष मे जितल दारा सिंह के भाई हउवन । उनकर नेतृत्व मे मात्र २ सय ३९ जने पार्टी प्रबेश कईले रहलन ।

जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नं ५ नेपाली काँग्रेस के सभापति जगदीश प्रसाद गेडरा के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे प्रदेश सांसद शंकर चौधरी, महासमिति सदस्य बशिष्ठनारायण कुर्मी, बृहस्पती श्रेष्ठ, जिल्ला सचिव किशोरी साह, क्षेत्रिय सचिव रमेश पाण्डे, जिल्ला सदस्य नविन सिंह, नेता सहरुम राउत गद्दी, ठाकुर प्रसाद चौधरी लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी । कार्जक्रम के संचालन क्षेत्रिय सचिव श्रीकान्त यादव कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।