बारा मे अफिम सहित २ जने पकडईलें

प्रभु यादव
बारा १४ अगहन
बारा मे अवैध लागूऔषध अफिम सहित दु जने पकडाईल बाडन । जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका–१६ रहेवाला दुर्गाबहादुर मोक्तान आ रवी बहादुर सिंजाली मगर पकडाईल बाडन ।
लागूऔषध नियन्त्रण ब्यूरो शाखा कार्यालय वीरगंज मे मिलल विशेष सूचना के आधार मे पुलीस कोल्हबी नगरपालिका–६ प्रसौना बजारस्थित चोक से उलोग के पकडल गईल रहे ।
लागूऔषध नियन्त्रण व्युरो शाखा कार्यालय वीरगंज से प्रहरी नायब निरीक्षक तुलप्रसाद पुडासैनी सहित के टोली आ इलाका प्रहरी कार्यालय कोल्हबी से खटल संयुक्त प्रहरी टोली खटल रहे ।
नम्बर ना खुलल मोटरसाइकल मे आईल उलोग के देह चेकजाँच करेके समय मे लुकाके लियावल २ किलो ७ सय ग्राम अवैध लागूऔषध अफिम मिलल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।
बारा जिल्ला अदालत से उलोग विरुद्ध लागूऔषध मुद्दा मे ६ दिन के म्याद अनुमति लेके आउर अनुसन्धान हो रहल उ बतवनी ।






