धोबिनी आ पटेर्वासुगौली मे अधारभुत अस्पताल के शिलान्यास

राजन कुमार बानिया
पोखरिया १५ अगहन
पर्सा जिल्ला के धोबिनी गाँवपालिका के वार्ड नं २ भिखमपुर प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र के जमिन मे १४ करोड के लागत मे १५ सैया के अधारभुत अस्पताल के भवन निर्माण के खातिर आजु एगो कार्जक्रम के बिच गाँवपालिका अध्यक्ष सुरेश प्रसाद कुर्मी शिलान्यास कईले रहनी ।
शिलान्यास कार्जक्रम मे गाँवपालिका प्रमुख प्रसाशकीय अधिकृत असोक रौनियार, वार्ड अध्यक्ष नन्दलाल कुर्मी, ललन कुर्मी, मजिद मियाँ, स्वास्थ्य संयोजक संजय यादव लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
पटेर्वासुगौली गाँवपालिका के फर्हदवा मे १० करोड के लागत मे १० शैया अधारभुत अस्पताल के आजु गाँवपालिका अध्यक्ष हरिनारायण चौधरी शिलान्यास कईले बानी ।
शिलान्यास कार्जक्रम मे उपाध्यक्ष ममता महतो, प्रमुख प्रसाशकीय अधिकृत भुजेन्द्र प्रसाद यादव, वार्ड अध्यक्ष बिजय गैरे, माधव प्रसाद, मोतिलाल साह लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






