ठोरी–२ मे १५ शैया के अस्पताल के अध्यक्ष श्रेष्ठ कईलें सिलान्यास

मेघराज राय

जीराभवानी १५ अगहन
ठोरी गाँवपालिका वार्ड नं. २ मे रहल स्वास्थ्य चौकी परिसर मे आजु एगो कार्जक्रम के बीच ठोरी अस्पताल के शिलान्यास कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

ठोरी गाँवपालिका के अध्यक्ष पदमलाल श्रेष्ठ ठोरी अस्पताल के शिलान्यास कईले बानी ।

सात गो प्रदेश के ३९६ स्थानीय तह मे आजु अस्पताल के शिलान्यास कईला सँगे ठोरी मे भी १५ शय्या के अस्पताल के शिलान्यास भईल बा ।

शिलान्यास कार्जक्रम के बाद बोलत ठोरी गाँवपालिका के अध्यक्ष पदमलाल श्रेष्ठ ठोरी मे अस्पताल बनी कि ना कहके सभी के आशंका रहल समय पहिलका चरण मे ठोरी अस्पताल बनेवाला भईला से सभी के शंका के अन्त्य भईल बतवनी ।

बहुवर्षीय योजना मे निर्माण होखे लागल ई अस्पताल बनला सँगे स्वास्थ्य मे पहुँच ना पुगल समुदाय के स्वास्थ्य मे पहुँच पुगेके विश्वास व्यक्त कइनी ।

ठोरी अस्पताल सन्चालन मे अईला के बाद ठोरी के पुर्वी भेग, चितवन आ भारतीय से भी सेवा लेवेवाला भईला से ई जगहा हि अस्पताल के खातिर उचित जगहा रहल बतावत कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि भी रहल श्रेष्ठ ठोरी के कउनो भी अस्पताल मे दवाई के कमी ना भईल बतवनी ।

ठोरी के सभी जनप्रतिनिधिलोग के साझा उदेश्य गाँव बिकास करेके हि रहला से पर्सा जिल्ला के आउर पालिका के बराबरी मे ठोरी बिकास के फड्को मारल अध्यक्ष श्रेष्ठ दाबी कइनी ।

अध्यक्ष श्रेष्ठ ठोरी के बिकास के खातिर सभी जनप्रतिनिधिलोग एक जुट होके अगाडि बढला पर देश के नमूना गाँवपालिका बनेके विस्वास व्यक्त कइनी । ठोरी के जनप्रतिनिधि लोभलालच के फन्दा मे ना फँसला के चलते भी ठोरी विकास मे फड्को मारेल बिचार रखनी ।

ठोरी–२ के वार्ड अध्यक्ष किशोर तामाङ कार्जक्रम के अध्यक्षता करत ठोरी गाँवपालिका के प्रथम गाँवसभा से निर्णय कईल मुताविक आपन वार्ड मे १५ शैय्या के अस्पताल निर्माण काम अगाडि बढला मे खुसी व्यक्त करत ठोरी के सभी जनप्रतिनिधिलोग के धन्यवाद ज्ञापन कइनी ।

कार्जक्रम मे ठोरी गाँवपालिका वार्ड नं १ के वार्ड अध्यक्ष रामप्रकाश कुँवरठोरी अस्पताल के शिलान्यास सँगे ठोरी के बिकास मे सिढी चढेके काम भईल बतावत २०७४ माघ १५ गते के ठोरी के पहिलका गाँवसभा से निर्णय कईल मुताविक हि अस्पताल निर्माण काम होखे लागला मे खुशी व्यक्त कईनी ।

कार्जक्रम मे स्वागत मन्तव्य राखत वार्ड सदस्य अमृतकृष्ण सापकोटा ठोरी मे सहमति के यात्रा सुरुवात भईल आ सहमती, सहकार्य आ एकता के महत्व देत बिकास निर्माण सँगे ठोरीबासी के स्तरविकासोन्न्ति मे जोडेके बिचार रखनी ।

शिलान्यास कार्जक्रम मे वार्ड सदस्यलोग श्यमहरि शर्मा, सरिता बिक, मैना भण्डारी, ठोरी गाँवपालिका के स्वास्थ्य संयोजक रमेशराज थिङ्ग, सरस्वती मा बि के प्रधानाध्यापक केशव प्रसाद रेग्मी लगायत के सहभागीता रहल ठोरी गाँवपालिका के स्वास्थ संयोजक रमेश राज थिङ्ग बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।