सामाजिक संजाल के दुरूपयोग करत धम्की देवेवाला २ जने पकडईलें
प्रभु यादव
बारा १५ अगहन
फेसबुक एकाउन्ट ह्याक करके ३० हजार रकम आपन नाम मे पठावे के ना त तोहर अश्लिल तस्बिर नेट मार्फत समाजिक संजाल मे राख देहम कह के डरावेवाला पकडाईल बाडन ।
बहुते डरत्रास देखा के ३० हजार रकम ठगी कईल बारा के जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नं.२ के एक जने जनानी मार्फत प्रहरी कार्यालय बारा मे प्राप्त सूचना के आधार मे दु जने के प्रहरी पकडले बा ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय से खटिल प्रहरी टोली उ कार्य मे संलग्न जिल्ला सप्तरी सितापुर गाँवपालिका के वरीस ३१ के रामदेव साह आ जिल्ला सुनसरी ईटहरी उपमहानगरपालिका वडा नं.४ के वरीस २३ की मनिषा गिरी के सुराक पत्ता लगावत पकडल गईल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।
जिल्ला सुनसरी ईटहरी उपमहानगरपालिका वडा नं.६ ईटहरी बजार मे रहल आई एम ई बाट ठगी कईल रकम निकाल रहल अवस्था मे रकम सहित प्रहरी पकडले बा ।
पकडाईल साह आ गिरी के प्रहरी कार्यालय बारा मे लया के आपराधिक लाभ मुद्दा शीर्षक मे मुद्दा दर्ता कर के बारा जिल्ला अदालत से पहिलका बेर दिन ५ के म्याद थप्करा के हिरासत मे राख के थप अनुसन्धान होरहल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।





