३ बिगहा मे रोपल अवैध गाँजा खेती पुलीस कटलख

प्रभु यादव
बारा १६ अगहन
बारा के निजगढ नगरपालिका वार्ड नं.१२ लालटोल मे मकई खेती के भितर रोपल अवैध गाँजा खेती पुलीस काट के नोक्सान कईले बा ।
मिलल सूचना के आधार मे मगर के दिन सबेरे ८ बजे के समय मे प्रहरी कार्यालय बारा के प्र.उ.कृष्ण प्रसाद पंगेनी के कमाण्ड मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय आ इलाका प्रहरी कार्यालय निजगढ बारा समेत से खटल संयुक्त प्रहरी टोली अवैध गाँजा खेती के नष्ट कईल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बा ।
एलानी जमिन मे रहल मकई खेती के भितर चोरालुका के अन्दाजी करीब तीन बिगहा क्षेत्रफल मे रोपल अवैध गाँजा खेती फडानी कर के नोक्सान कईल गईल बा अउरी बाँकी रहल गाँजा खेती नष्ट करे के अभियान रहल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।






