रेडियो बीरगंज के बार्षिकोत्सव मे खुनदान होखी

वीरगंज १८ अगहन

मध्यतराइ के पहिलका रेडियो, रेडियो वीरगंज ९९ मेगाहर्ज के १८ वाँ बार्षिकोत्सव अनेकन कार्जक्रम के साथ आयोजना करके मनावेके जनावल गईल बा ।

रेडियो वीरगंज के वार्षिकोत्सव के अवसर मे इहे अगहन २० गते शनिचर के दिने रेडियो परिसर मे खुल्ला खुनदान कार्जक्रम आयोजना करेके आजु रेडियो परिसर मे आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे रेडियो वीरगंज के कार्यकारी अध्यक्ष ध्रुव साह बतवनी ।
उ रेडियो वीरगंज मध्य तराई मे आयोजना होखेवाला खुनदान कार्जक्रम मे आपन अलगे पहिचान बनईला से फेनु ई बेर भी रेडियो वीरगंज से आयोजना करेवाला खुनदान कार्जक्रम ऐतिहासिक रहेके बतवनी ।

पत्रकार सम्मेलन मे साह ई बेर विश्वव्यापी कोरोना महामारी के चलते रेडियो बीरगंज के साताव्यापी रुप मे बार्षिक उत्सव मनावे के उद्देश्य पुरा होखे ना सकल भी बतवनी ।

रेडियो वीरगंजद्वारा जारी विज्ञप्ती मे कोरोना कहर के बीच भी प्रदेश २ मे खुन के कमी से केहु के ज्यान ना जाओ कहके खुनदान कार्जक्रम के आयोजना कईल उल्लेख बा ।

विज्ञप्ती मे ई बेर रेडियो वीरगंज के नयाँ प्रस्तुती के रुप मे टिभी वीरगंज परिक्षण प्रशारण हो रहला मे आवेवाला अगहन २६ गते शुक से टिभी वीरगंज भी समाचार सहित के विविध कार्जक्रम के नियमित प्रशारण करेके बात उल्लेख कईल बा ।

एहितरे उहे दिन से रेडियो पोखरीया १०५.८ मेगाहर्ज भी नियमित प्रशारण शुरु करेके कार्यकारी अध्यक्ष साह बतवनी ।

पत्रकार सम्मेलन मे टिभी वीरगंज के संचालक सदस्य सुन्दर कुर्मी लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।