नेपाली काँग्रेस के ठोरी मे पार्टी प्रवेश कार्जक्रम

वीरगंज १८ अगहन
नेपाली कांग्रेस के केन्द्रीय सदस्य रमेश रिजाल कम्युनिस्ट खुदे समाप्त होखेके रास्ता मे रहल बतवले बानी । कम्युनिस्ट मे अतिवाद हावी होत गईला से उलोग खुदे समाप्त होके जाएके उनकर कहनाम रहे ।
पर्सा के ठोरी–२ स्थित पर्यटकीय स्थल रानीवन मे आजु आयोजना कईल वनभोज तथा पार्टी प्रवेश कार्जक्रम के सम्बोधन करत उ देश मे भ्रष्टाचार बढत गईल आ भ्रष्टाचारीलोग के संरक्षण सरकार हि कईला के चलते कम्युनिस्टलोग खुदे पतन के रास्ता मे लागल बतवनी ।
नेता रिजाल नवप्रवेशीलोग के अबिर के टिका लगाके पार्टी प्रवेश करवले रहनी । नेपाली कांग्रेस वार्ड नं २ के सभापति रामकृष्ण पन्त के सभापतित्व मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे प्रदेश सांसद शंकर चौधरी, महासमिति सदस्य बृहस्पति कृष्ण श्रेष्ठ, बशिष्ट नारायण कुर्मी, क्षेत्रीय सभापती रमेश पाण्डे, प्रदेश सभा सभापति श्रीकान्त यादव, वार्ड २ के अध्यक्ष किशोर तामाङ लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






