देवताल गाँवपालिका मे रहल पोखरा के कब्जा ना करे के अदालत से अन्तरिम आदेश

प्रभु यादव

बारा १७ अगहन
बारा के महागढीमाई नगरपालिका वार्ड नम्वर ७ मे रहल ने.रा.मा.वि.बेनौली के नाम मे रहल पोखरा के कब्जा ना करे खातिर उच्च अदालत जनकपुर के अस्थायी ईजलास वीरगंज मंगर के दिन देवताल गाँवपालिका कार्यालय के नाम मे अन्तरिम आदेश जारी कईले बा ।

उच्च अदालत के न्याधिस रमेशराज पोखरेल के इजलास से पोखरा के पानी ना निकाले के, माटी ना भरे के देवताल गाँवपालिका के नाम मे अन्तरीम आदेश जारी कईले बा ।

अगहन २९ गते तक के खातिर पोखरा के पानी ना निकाले के माटी ना भरवावे के ना भरे के विपक्षी के नाम मे अन्तरीम आदेश जारी कईले बा ।

देवताल गाउपालीका के पछाडी रहल किता नम्वर ८० के ३ विगहा ५ कठ्ठा जमिन विद्यालय के नाम मे दर्ता रहल मे पोखरा रहल बा ।

विद्यालय के प्रध्यानध्यापक जितेन्द्र प्रसाद यादव देवताल गाँवपालिका के विरूद्ध उच्च अदालत मे निवेदन दर्ता करवले बाडन ।

विद्यालय के प्रधानध्यापक से देहल गईल निवेद के तर्फ कानुन व्यवसायी वरिष्ठ अधिवक्ता मोमन तिम्लसेना बहस कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।