बारा से स्रोत ना खुलल १६ लाख सहित अन्सारी पकडईलें

बारा १९ अगहन
बारा से स्रोत ना खुलल १६ लाख रोपेया सहित एक जने पकडाईल बाडन । पकडाएवाला मे सिम्रौनगढ नगरपालिका–८ रहेवाला २३ बरीस के सैनुल्लाह अन्सारी रहल बाडन ।
सशस्त्र पुलीस के गस्ती टोली पचरौता नगरपालिका–७ बेनौलीस्थित सीमा क्षेत्र से शुक के दिने उ रोपेया सहित अन्सारी के नियन्त्रण मे लेहले बा ।
बीआर ०५ एजी ८०७५ नम्बर के भारतीय नम्बर प्लेट के मोटरसाइकल मे सवार अन्सारी के सशस्त्र प्रहरी बल, नेपाल बोर्डर आउट पोष्ट बैनौली से खटल टोली चेकजाँच कईला पर स्रोत खुलावे ना सकल उ रोपेया सहित नियन्त्रण मे लेहले बा ।






