ब्रिटानिया उद्योग मे जारी मजदुर आन्दोलन मे पुलीस के हस्तक्षेप

वीरगंज २२ अगहन

वीरगंज महानगरपालिका–२१ लिपनीबिर्ता स्थित ब्रिटानिया नेपाल प्रालि मे कार्यरत मजदुर आन्दोलन मे पुलीस हस्तक्षेप कईले बा । विनाकारण उद्योग एक दर्जन मजदुर के निष्काशन कईला के बाद मजदुरलोग आन्दोलित भईल बाडन ।

शान्तिपूर्ण धर्ना से माग पूरा ना भईला के बाद उलोग सोमार के दिने काम कर रहल मजदुर के उद्योग प्रवेश मे रोकेके प्रयास कईले रहे । ओकरा बाद पुलीस आन्दोलन मे हस्तक्षेप कईले रहे ।

उ समय मे पुलीस लाठीचार्ज १० जने मजदुर घायल भईल आन्दोलनरत मजदुरलोग दाबी कईले बाडन । पुलीस के लाठीचार्ज से उलोग के चोटपटक लागल उलोग के आरोप बा ।

पुलीस आन्दोलनरत दु जने मजदुर के भी नियन्त्रण मे लेहले बा । लालबाबु महरा आ राम एकबाल कुशवाहा के पुलीस नियन्त्रण मे लेहल उलोग बतवले बाडन ।

१२ जने मजदुर के विना कारण निष्काशन कईल विरोध मे उद्योग के गेट मे एक महिना से धर्ना चल रहल बा ।

मजदुर उपर कईल दमनशोषण बन्द करेके, विना कारण निकालल १२ जने मजदुर के पुर्नवहाली करेके, मजदुर उपर लगावल गईल मुद्धा खारेज करेके माग उलोग रखले बाडन ।

उद्योग १२२ जने मजदुर मेसे १२ जने के विना कारण काम से निकालल उलोग के कहनाम बा ।

उद्योग मे काम कर रहल समय निकालल गईल वीरगंज–२१ ताजपुर के सुनेश महतो तत्मा उद्योग प्रशासन खुदसब के माग के सुनुवाई ना कईल आ पुलीस प्रशासन भी दमन कईल सिकाईत कइनी ।

‘शान्तिपूर्ण धर्ना मे रहनी, माग सुनुवाई ना भईला के बाद ठेकेदार के आदमी के उद्योग घुसेमे रोकत रहनीसन्,’ कहत उ, ‘समस्या मे पडल मजदुर के समस्या समाधान कईला के बदले पुलीस उलटे लाठी चार्ज कईलख ।’

बेर–बेर जिल्ला प्रशासन मे वार्ता भईला पर भी उद्योग प्रशासन खुदसब के रोजगारी मे फिर्ता बोलावे के लगायत के माग पुरा करे खातिर तईयार ना भईल उ सिकाईत कइनी ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी प्रमुख प्रहरी उपरीक्षक गंगा पन्त आन्दोलनरत मजदुरलोग स्वेच्छा से काम करे जाएवालालोग के भी रोक के उद्योग सञ्चालन मे बाधा पुगईला से गेट से उलोग के हटावे के समय मे सामान्य बल प्रयोग भईल बतवनी ।

‘शान्तिपूर्ण धर्ना मे रहे खातिर हमनी रोकले ना रहनी, दोसर के बाधा ना पुगेवाला किसिम से आपन हक अधिकार के खातिर लडल उचित हि ह,’ कहत उ, ‘माकिर आजु अचानक आन्दोलन मे सहभागी ना भईल, नियमित रुप मे उद्योग मे काम करे जाएवाला मजदुर के भी रोकलें । ओईसे स्वेच्छा से काम मे जाएवाला के रोकेके त ना नु भईल ।

ओहिसे सामान्य बल प्रयोग कईला के साथे दु जने के नियन्त्रण मे भी लेहल गईल बा ।’ मजदुर धर्ना मे एतवार के दिने सांसद प्रदिप यादव भी ऐक्यबद्धता जनवले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।