प्रेस प्रतिनिधि प्रमाणपत्र अब जिल्ला हुलाक कार्यालय से लेवेके मिली

काठमाण्डु २४ अगहन
अब पत्रकार हुलाक कार्यालय से प्रेस प्रमाणपत्र लेवे भा नवीकरण करे सकिहन । एकरा से पहिले प्रेस प्रतिनिधि प्रमाणपत्र लेवे खातिर काठमाण्डु जाएके बाध्यता के एकरा से अन्त्य कईले बा ।
पत्रकार अब प्रेस प्रतिनिधि प्रमाणपत्र लेवे खातिर जिल्ला हुलाक कार्यालय मे निवेदन देवेके पडि । हुलाक कार्यालय से जरुरी कागजपत्र रुजु करके केन्द्र मे पठाई । ओकरा बाद पत्रकार के उहें से प्रेस प्रतिनिधि प्रमाणपत्र मिली ।
सञ्चार तथा सूचना प्रविधिमन्त्री पार्वत गुरुङ एकरा के महत्वपूर्ण निर्णय भईल बतवनी । सूचना विभाग मे पत्रकार के लाइन लागेके समस्या के अन्त्य होखेके उनकर विश्वास बा । मन्त्रालय मन्त्रीस्तरीय रुप मे ई निर्णय कईल गुरुङ बतवनी ।
७७ गो जिल्ला मे रहल हुलाक कार्यालय आ हुलाक निर्देशनालय से प्रेस प्रतिनिधि प्रमाणपत्र तथा अनलाइन नवीकरण करे सकेके व्यवस्था कईले बा ।
तत्काल के खातिर सम्बन्धित जिल्ला के हुलाक कार्यालय से प्रेस पास नवीकरण होखेके व्यवस्था मिलावल जईसन जलदी नयाँ परिचयपत्र लेवेवाला पत्रकार के खातिर भी जरुरी कागजपत्र सम्बन्धित जिल्ला मे पेश करे सकेके व्यवस्था मिलावल जा रहल बा ।
प्रेस पास नवीकरण करे खातिर सूचना तथा प्रसारण विभाग मे बहुते भिड लागत आईल रहे । प्रेस पास लेवे खातिर तथा नवीकरण करे खातिर पत्रकार से विभाग मे कोठरी कोठरी घुमत घण्टो बितावेके अवस्था के ई व्यवस्था से अन्त्य करी ।
एकरा से विभाग के कार्यबोझ घटेके निश्चित बा आ निष्क्रिय प्रायः रहल हुलाक कार्यालयसब जिम्मेवारी मिलल बा ।
लम्हर समय तक पत्रकारिता मे सक्रिय भईल माकिर विविध कारण से प्रेस प्रतिनिधि परिचयपत्र लेवे ना सकल, अपाङ्गता जईसन कारण से सूचना विभाग तक के पुहँच ना भईल पत्रकार के सहजे जिल्ला से सेवा उपलब्ध होखेके भईला के बाद निरन्तर कार्यक्षेत्र मे लागे चाहेवाला सञ्चारकर्मी के बेरोकटोक काम करेके अवसर मिली ।





