पर्सा पुलीस के संरक्षण मे बिश्रामपुर मे कौडा, जुवा तास खेल हो रहल, उपरला निकाय मौन

वीरगंज २४ अगहन,
पर्सा जिल्ला के बहुदरामाइ नगरपालिका वार्ड नम्बर १ मे पर्सा पुलीस के संरक्षण मे कौडा, जुवा तास हो रहल स्थानियवासी सिकाईत कईले बाडन ।
बहुदरामाइ नगरपालिका वार्ड नम्बर १ बिश्रामपुर टोल मे जुवा के खाल सञ्चालन भईल मिलल बा ।
स्थानीय से देहल सूचना के आधार मे कुछ पत्रकारलोग एतवार के रात बिश्रामपुर पुगला के बाद स्थानीय इदरिस के घर मे जुवा के खाल सञ्चालन भईल मिलल रहे । रबिन्द्र महतो कोइरी घर भाडा मे लेके जुवा खेल सञ्चालन करत आईल जनावल गईल बा ।
जुवा के खाल सन्चालन के खातिर स्थानीय पुलीस चौकी लगायत जिल्ला प्रहरी कार्यालय तक पईसा जाएवाला भईला से पर्सा पुलीस जान के भी अन्जान भईल बतावल गईल बा । पुलीस प्रशासन के महिना के करिब १० लाख रोपेया बुझईला के बाद बिना रोकटोक जुवा खेलावत आईल स्थानीयवासी बतवले बाडन ।
स्थानीयलोग के मुताविक पुलीस प्रशासन के साथ साथे कुछ पत्रकार के भी भाग बण्डा जाला कहके बतवनी । पुलीस प्रशासन से मिलावे खातिर पत्रकार के भी खटावल गईल स्थानिय एक महतो नाम ना छापेके शर्त मे बतवले बानी ।
स्थानीय पुलीस चौकी बहुअर्वाभाठा, इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के खातिर महिना के १० लाख, तथा पत्रकार के टिम के मिलावे खातिर एगो बिचौलिया के खटावल गईल बतावल बा । पत्रकार टिम के मिलावे खातिर महिना के ४ लाख रोपेया जाला कहके महतो बतवनी ।
एक जने जुवाडे के मुताविक नेपाल के अनेकन जगहा लगायत भारत से भी जुवाडे आवेलन कहके बतवनी ।
पुलीस प्रशासन के महिना मे लाखो रोपेया बुझईला के बाद निफिकिर होके खेल भईला से हमनी के भी कउनो डर चिन्ता ना रहल बतवनी । हरेक दिन करोडो बराबर के कौडा होखेके जनावल गईल बा ।
बिश्रामपुर मे खेलावल जा रहल जुवा के बिषय मे बेर बेर जिल्ला प्रहरी प्रमुख लगायत क्राइम टोलि मे खबर कईला पर भी कउनो वास्ता ना कईल स्थानियवासी आरोप लगवले बाडन ।
पुलीस प्रशासन जदि पईसा ना लेतन त बितल ३ महिना से जुवा तास हो रहल बा फिरभी काहे नइखन पकडल उलोग कहके सवाल सभी स्थानिय कर रहल बाडन ।
शान्ती सुरक्षा के जिम्मेवारी मिलल नेपाल पुलीस कुछ पईसा के लोभ मे गैरकानुनी काम करावेमे लागला से पुलीस प्रशासन के उपरला निकाय के समय मे हि ध्यान पुगल जरुरी बा ।






