माग सम्वोधन करावे खातिर संघर्ष समिति बुझवलख ज्ञापन पत्र

मेवालल यादव
रौतहट २८ अगहन
सर्वपक्षीय संघर्ष समिति राजदेवी नगरपालिका १२ बुंदे माग कार्यन्वयन करावे खातिर रौतहट जिल्ला के राजदेवी नगरपालिका के प्रमुख के आजु ज्ञापन पत्र बुझवले बाडन ।
२०७६ साल कातिक ४ गते बुझावल गईल ज्ञापन पत्र मार्फत राखल गईल १४ बुंदे माग, २५ गते नगरपालिका आ समाजवादी पार्टी बीच भईल सम्झौता, २०७७ अषाढ ८ गते भईल नगर समिति के बईठक से कईल निर्णय कार्यन्वयन के माग करावे खातिर दवाव सृजना करेके उदेश्य से दुसरका बेर समिति ज्ञापन पत्र बुझवले बा ।
जनता समाजवादी पार्टी नेपाल के नेता एवं सर्वपक्षीय संघर्ष समिति के संयोजक रामेश्वर प्रसाद यादव के नेतृत्व मे गईल टोली नगर प्रमुख धिरेन्द्र कुमार सिंह के ज्ञापन पत्र बुझवले बाडन ।
ज्ञापन पत्र मे १४ बुंदे माग, सम्झौता, नगर कार्यपालिका के निर्णय कार्यान्वयन के खातिर जोड देहल गईल बा आ अभी तक कर्मचारी आ शिक्षकलोग तलव ना मिलल विषय भी उठावल गईल बा ।
वितल समय मे देखल गईल ज्ञापन पत्र तथा भईल सम्झौता अभी तक नगरपालिका से कार्यान्वयन ना कईला से अगहन २९ गते तक के समय सहित दुसरका बेर ज्ञापन पत्र बुझावल गईल संयोजक यादव बतवनी ।
हमनी के माग सम्वोधन मे नगरपालिका उदाशिनता देखावल संयोजक यादव आरोप लगावत तोकल समय मे माग सम्वोधन ना कईला पर शान्तिपूर्ण आन्दोलन के सुरुवात करेके भी चेतावनी देहनी ।
आर्थिक बरीस २०७६÷०७७ के नगरपालिका के हिसाव किताव, बैंक स्टेटमेन्ट सहित शिक्षक, चिकित्सक तथा कर्मचारीलोग के तलव भुक्तान आ आर्थिक बरीस २०७७÷०७८ के नगरपरिषद नीति नियम मुताविक बजेट सेलिङ्ग बनाके जानकारी करावे खातिर ज्ञापन पत्र मार्फत माग कईल बा ।
बितल समय मे कईल आन्दोलन के समय मे गठन भईल समिति मे संयोजक यादव सहित नेकपा के राजकिशोर प्रसाद यादव, भिखारी राय यादव, राजेश साह, विश्वनाथ साह, जनता समाजवादी पार्टी नेपाल के राज नारायण रंजन, सत्यनाराय राय यादव, सनुप महतो रहल रहनी ।
कमलेश मिश्र, पवन साह, रामपुकार दास, लालबाबु पटेल, अन्चित राय, धर्मेन्द्र गिरि, विजय शंकर यादव, परमेश्वर राय यादव, राम इश्वर राय, तसलिम हुसैन, नारायण दास, शम्भु साह, धनपत राय यादव, रामरूप पटेल, निलम पासवान, सुशिल देवी संघर्ष समिति के सदस्यलोग रहल रहनी ।
समिति के सदस्यलोग नगरपालिका से माग सम्वोधन ना कईला पर कडा आन्दोलन करेके घोषणा भी कईले बाडन । नगर प्रमुख धिरेन्द्र कुमार सिंह माग सम्वोधन होखेके प्रतिबद्धता जनवले बानी ।






