पर्सा के सभी सरकारी कार्यालय पुस से खुली

वीरगंज २८ अगहन

पर्सा के सभी सरकारी कार्यालय पुस १ गते से पूर्ण रुप मे सञ्चालन मे आवेवाला भईल बा । कोभिड–१९ महामारी के चलते पर्सा के कैयन सरकारी कार्यालयसब आंशिक सेवा देत अईला मे पूर्ण सेवा देवे लागल बा ।

जिल्ला प्रशासन कार्यालय, घरेलु तथा साना उद्योग के कार्यालय लगायत के कार्यालयसब पालिका मुताविक दिन तोक के सेवा प्रवाह करत आईल रहे ।

अगहन १८ गते बईठल कार्यालय प्रमुखलोग के बईठक से सरकारी कार्यालयसब स्वास्थ्य तथा सुरक्षा सम्बन्धी सभी मापदण्ड पूरा करत पुस १ गते से पूर्ण रुप मे सञ्चालन करेके निर्णय कईले रहिे ।

उहे निर्णय मुताविक जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा भी पुस १ गते से पूर्णरुप मे सेवा प्रदान करे लागल बा ।

सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी भिमकान्त पौडेल एतवार के दिने एक सूचना जारी करत जिल्ला प्रशासन कार्यालय सहित पुस १ गते से पूर्ण रुप मे सेवा प्रदान करेके जानकारी देहले बाडन । प्रशासन भी स्थानीय निकाय मुताविक सेवा प्रवाह करत आईल रहे ।

स्वास्थ्य सुरक्षा मापदण्ड पालना करेके कहके निर्देशन देहला पर भी जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे सामाजिक दूरी कायम ना करके भिडभाड होत आईल बा ।

नागरिकता लेवे, पासपोर्ट बनावे भा आउर काम से प्रशासन गईल आदमीसब स्वास्थ्य सुरक्षा सतर्कता के मापदण्ड पालना ना कर रहल बाडन ।

सेवा ग्राही के व्यवस्थित ना करके प्रशासन भी मुक दर्शक बन के बईठल अरोप लाग रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।