आपसी झगडा मे घायल भईल युवक के ईलाज के समय मे मृत्यु, अभियुक्त पकडईलें

वीरगंज २८ अगहन
पर्सा मे लेनदेन के विषय मे झगडा भईला पर घायल भईल एक युवक के ईलाज के समय मे मृत्यु भईल बा । मृत्यु होखेवाला मे पर्टेवासुगौली गाँवपालिका–१ सिरही के २४ बरीस के उमेश ठाकुर रहल बाडन । लेनदेन के विषय मे अगहन २४ गते सबेरे पर्टेवासुगौली गाँवपालिका–१ रंगपुर टाँडी के ३० बरीस के आनन्दप्रसाद थारु आ उमेश ठाकुरबीच झगडा भईल रहे । उ समय मे उमेश ठाकुर गम्भीर घायल भईल रहलन ।
वीरगंज स्थित एलएस न्युरो अस्पताल मे ईलाज के समय मे एतवार के सबेरे ११ः०५ मे उनकर मृत्यु भईल रहे । नास्ता खाके पईसा ना देहल कहत होटल सञ्चालक थारु झगडा कईला के साथे गलबन्दी से ठाकुर के घेँट दाबल प्रत्यक्षदर्शी बतवले बाडन ।
नास्ता खाईल टेंट मे पडोसी भाइ के हत्या भईल स्थानीय धर्मेन्द्र साह जानकारी देहनी ।
पिछिलका दिन भाइ होटल मे नास्ता खाईल १ सय रोपेया थारु के माई लेचुकल रहली । माकिर उ पईसा देहले नइखन कहके भाइ से झगडा कईले रहलन,’ कहत उ, ‘उ घेँट दाब के घायल बनईला के बाद ईलाज के खातिर वीरगंज लेगईल रहे । आजु सबेरे चिकित्सक मृत घोषित कईलन ।
अस्पताल के चिकित्सडक डाक्टर श्यामबाबु पटेल के मुताविक मृतक के मुडि मे खुन जमल मिलल जनावल गईल बा । ‘घेँट मे गम्छा से कसल रहे, बेहोस भईला के बाद गिर के उनकर मुडि जमिन मे ठोकाईल रहे । ओकरा बाद मुडि भितर खुन जमके मृत्यु भईल देखल गईल बा’ उ कहनी ।
हत्या आरोप मे एक जने पकडईलें
उमेश ठाकुर के हत्या अभियोग मे पुलीस एक जने के पकडले बा । पर्टेवासुगौली गाँवपालिका–१ रंगपुर टाँडी के ३० बरीस के आनन्दप्रसाद थारु पकडाईल बाडन ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे मृतक के भईया केशव ठाकुर आरोपी विरुद्ध जाहेरी देहले बाडन । पुलीस घटना के बारे मे अनुसन्धान हो रहल जनवले बा ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रमुख प्रहरी उपरीक्षक गंगा पन्त आरोपी के पकडके अनुसन्धान कर रहल जानकारी देहनी । ‘झगडा कईल ना कईल अनुसन्धान के बाद हि खुली, लास पोष्टमार्टम के खातिर पठावल गईल बा । रिपोर्ट आइल नइखे । आरोपी पकडाईल बाडन ।’ कहत उ ‘आउर बात अनुसन्धान के बाद हि पत्ता लागी ।’





