कृषि ज्ञान केन्द पर्सा दु महिना से प्रमुख विहीन, तत्काल प्रमुख पठावे के माग

वीरगंज ३० अगहन
कृषि ज्ञान केन्द्र पर्सा दु महिना से प्रमुखविहीन बनल बा । केन्द्र मे प्रमुख ना भईला से किसानलोग समस्या मे पडल बाडन । कार्यालय प्रमुख ना भईला से केन्द्र से मिलेवाला प्राविधिक लगायत के विविध सेवा मिले से वञ्चित बनेके पडल किसानलोग सिकाईत कईले बाडन ।
किसान हकहित संघर्ष समिति पर्सा मंगर के दिने केन्द्र मे तत्काल प्रमुख पठावे के, मलखाद्य लगायत किसान के समस्या समाधान करेके लगायत के माग राखत ज्ञापनपत्र मार्फत प्रदेश सरकार के ध्यानाकर्षण करवले बा ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सामार्फत भूमि व्यवस्था कृषि तथा सहकारी मन्त्रालय प्रदेश नं २ मे ज्ञापनपत्र बुझावल गईल रहे । संघर्ष समिति के अध्यक्ष सहरुम राउत गद्दी सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी भिमकान्त पौडेल के ज्ञापनपत्र बुझवले रहनी ।
ज्ञापनपत्र मे कृषि ज्ञान केन्द्र से आर्थिक बरीस २०७७÷०७८ मे सञ्चालन होखेवाला कार्जक्रमसब सिँचाइ मे यान्त्रिक सहजोग, स्यालो ट्युबेल, मोटर, बिउ अनुदान, बजार सेड निर्माण, प्लान्ट क्लिनिक सञ्चालन, आकस्मिक बाली संरक्षण, कृषकलोग के क्षमता विकास तालिम आदि समय मे सञ्चालन करावे खातिर कार्यालय प्रमुख जरुरी रहल उल्लेख बा ।
कोरोना कहर के चलते आर्थिक मार मे पडल किसानलोग के सहजोग करेके मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत लगायत के जनप्रतिनिधिलोग ना बोलल दुःखद् भईल ज्ञापनपत्र मे उल्लेख बा । एहितरे ऊँख किसान के समस्या समाधान मे केन्द्र आ प्रदेश सरकार गम्भिर ना भईल आरोप संघर्ष समिति के बा ।
७ दिन भितर कृषि ज्ञान केन्द्र पर्सा मे कार्यालय प्रमुख के व्यवस्थापन आ ऊँख किसान के रोपेया उपलब्ध करावे खातिर संघर्ष समिति अल्टिमेटम देहले बा । माग सुनुवाई ना भईला पर आन्दोलन के कार्जक्रम घोषणा करेके चेतावनी संघर्ष समिति देहले बा ।
एकरा से पहिले अगहन २८ गते नेपाल किसान संघ पर्सा भी कृषि ज्ञान केन्द्र पर्सा मे कार्यालय प्रमुख के व्यवस्थापन करेके माग राखके भूमि व्यवस्था तथा सरकारी मन्त्रालय मे ज्ञापनपत्र बुझवले रहलन ।






