६५ किलो चाँनी के गहना सहित एक जने भारतीय पकडईलें

वीरगंज ३० अगहन

पर्सा पुलीस वीरगंज से अनेकन किसिम के चाँनी के गहना सहित एक जने के पकडले बा । वीरगंज–६ स्थित सुनिता कुमारी सर्राफ के घर से ६५ किलो चाँनी के गरगहना बरामद कईले बा ।

सर्राफ के नाम मे उ घर मे में जय नरसिंह ज्वेलर्स सञ्चालन मे बा । अवैध कारोबार मे संलग्न रहल आशंका मे पुलीस सुनिता के मरद दिपक सर्राफ के पकडले बा । उ भारतीय नागरिक हउवन ।

ज्वेलर्स के पछाडि के कोठरी मे भण्डारण करके राखल अवस्था मे चाँनी मिलल रहे । चाँनी के अवैध कारोबार हो रहल सूचना के आधार मे पुलीस मंगर के दिने छापामारी कईले रहे ।

भारत से राजश्व छल के लियावल चाँदी के अनेकन किसिम के गाहनासब बरामद कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

कोठरी के फल्स वाल भितर लुकाके राखल अवस्था मे चाँदी जईसन देखल जाएवाला उजर धातु से बनल गरगहना मिलल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रमुख प्रहरी उपरीक्षक गंगा पन्त जानकारी देहनी ।

‘गरगहना के बनोट देखला पर भारत से लियावल जईसन देखल गईल बा,’ कहत उ, ‘माकिर उलोग जरुरी कागजातसब देखावे ना सकलन । ओहिसे बरामद करके जरुरी कारबाही प्रक्रिया अगाडि बढावल गईल बा ।’

चाँनी के गरगहना के बजार मूल्य ६५ लाख अनुमान कईल बा । चाँनी नेपाल से भारत ओरी तस्कारी हो रहला पर भी तईयारी गरगहना भारत से नेपाल आवेला ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।