वीरगंज मे ४ तारे होटेल क्लार्क रिसोर्ट सञ्चालन मे

वीरगंज ०२ पुस

वीरगंज के गण्डक मे ४ तारे होटेल क्लार्क रिसोर्ट के सञ्चालक सुनिल कुमार खेतान अन्तर्राष्ट्रिय क्लार्क रिसोर्ट फनचिसेज के पहिलका क्लार्क रिसोर्ट रहल दाबी कईले बानी ।

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १७ गण्डक चौक मे रहल क्लार्क रिसोर्ट के सभाहल मे आजु पत्रकार सम्मेलन करत एक अरब के लगानी मे २ बिगहा क्षेत्रफल मे बनल ई होटेल, रिसोर्ट मे कन्भेन्सन सेन्टर के साथे ७ गो बेनक्युट हल रहल सञ्चालक खेतान बतवनी ।

कन्भेन्सन सेन्टर मे एके समय मे बियाहपार्टी, बर्थडे पार्टी लगायत के सभा समारोह तथा कार्जक्रम करे सकेवाला रहल बतावत खेतान एमे १५ जने से २ हजार आदमी अँटावे सकेवाला क्षमता रहल हल भी बा कहके बतवनी ।

उ रिसोर्ट मे ६ तल्ले होटल भी रहल जउना मे ६० गो कोठरी रहल आ आवेवाला सुभ दिपावली से पुर्णरुप मे संचालन मे आवेके पत्रकार सम्मेलन मे बतवनी ।

रिसोर्ट मे फिट्नेस, गेम एन्ड हेल्थ क्लब, मसाज, सौन एन्ड स्टिम रुम, क्रेसन एन्ड स्पोर्ट्, स्विमिङ्ग पुल के लङ्गर, किड्स रुम आ क्यासिनो भी रहल बा ।

पत्रकार सम्मेलन मे कम्पनी सन्चालक सुदिप खेतान, होटेल के जेनेरल मेनेजर राजेश रन्जन, प्रोजेक्ट मेनेजर रबिन्द्र रैना, नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश न.२ के अध्यक्ष दिपेन्द्र चौहान आ माउन्टेन टेलिभिजन के ब्युरो प्रमुख महेश दास लगायत सञ्चारकर्मीलोग के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।