ऊँख किसान के पईसा देवेके माग करत समाजवादी युवा संघ रौतहट कईलख प्रदर्शन

मेवालाल यादव
रौतहट ०१ पुस,
रौतहट जिल्ला के सदरमुकाम गौर मे ऊँख किसान के बक्यौता रकम देवेके माग करत जनता समाजवादी पार्टी नेपाल निकट समाजवादी युवा संघ रौतहट सहित देशभर विरोध प्रदर्शन कईले बाडन ।
चिनी मिल के सञ्चालनलोग ऊँख किसानलोग के बक्यौता रकम तुरन्त भुक्तानी करेके माग राखत समाजवादी युवा संघ रौतहट गौर मे विरोध प्रदर्शन कईले बा ।
समाजवादी युवा संघ प्रदेश नं २ के कार्य समिति के अगुवाइ मे चिनी मिल सञ्चालन के विरुद्ध मे प्रदर्शन कईल बा ।
समाजवादी युवा संघ प्रदेश सचिव कमलेश यादव आ जिल्ला अध्यक्ष कौशर खान मैथली के नेतृत्व मे सयो के संख्या मे युवालोग आजु रौतहट के सदरमुकाम गौर मे शक्ति के साथ मे प्रदर्शन कईले बाडन ।
चिनी मिल सञ्चालक गरिब किसान के ऊँख के बक्यौता रकम भुक्तानी कर लगायत के नाराबाजी सहित युवालोग गौर परिक्रमा करत विरोध प्रदर्शन कईले बाडन ।
समाजवादी युवा संघ प्रदेश सचिव कमलेश यादव श्रीराम सुगर मिल गरुडा किसान के रकम तत्काल भुक्तानी करेके माग राखले बाडन ।
मिल किसान के रकम भुक्तानी ना कईला पर एकरा से कडा आन्दोलन करेमे बाध्य होखेके सचिव यादव बतवनी ।
विरोध प्रदर्शन के बाद खुदसब रौतहट के प्रमुख जिल्ला अधिकारी इन्द्रदेव यादव के ऊँख के भुक्तानी मिल सञ्चालन से तुरुन्त दिलावेके पडि माग राखत ज्ञापन पत्र भी बुझावल सचिव यादव बतवनी ।
विरोध प्रदर्शन कार्जक्रम मे जनता समाजवादी पार्टी नेपाल के युवा नेता राजकुमार दास, उपेन्द्र राय, दिनेश यादव, ओम प्रकाश साह, ललन यादव, रामाकन्त चौरसिया लगायत के सयो युवा नेता कार्यकर्तालोग के सहभागिता रहल रहे ।





