उखु किसान के आन्दोलन मे कृषि सहकारी संघ बाराद्वारा एक्यवद्धता सहित प्रदर्शन

प्रभु यादव
बारा ०३ पुस,
काठमाण्डु मे जारी उखु किसान के आन्दोलन मे साना किसान कृषि सहकारी संघ लिमिटेड बारा एक्यवद्धता जनवले बा । आजु जिल्ला के सदरमुकाम कलैय मे संघ के अगुवाई मे एक्यवद्धता कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
सदरमुकाम कलैया स्थीत भरतचोक मे कृषि संघ बारा के प्रतिनिधी एवं उखु किसानलोग उखु के पईसा माँगत आन्दोलनरत किसानलोग के पक्ष मे आवाज उठवले रहलन ।
उलोग किसान के बाँकी रकम तत्काल भुक्तानी कर, किसान के पसिना मे खेलवाड बन्द कर, किसान एकता जिन्दावाद, किसान के पिडा बुझ सरकार, किसान के सम्मान कर, मल, विउ विषादी सिंचाई निःशुल्क कर, उत्पादन के बजार सुनिश्चत कर, खेती करेवाला वातावरण बनाव, किसान के माग पुरा कर, पईसा ना तिरेवाला के कारवाही कर, किसान मारे ना मिली लगायत के नारा लिखल प्लेकाड लेहले रहलन ।
नगर परिक्रमा के बाद आयोजना कईल कोणसभा के सम्बोधन करत साना किसान कृषि बारा के अध्यक्ष मिश्रलाल सहिनी राज्य से किसान के पक्ष मे काम करे खातिर आनाकानी कईल बतवनी । आपन उत्पादन उधारो मे बेंचल किसान पईसा उठावे खातिर आन्दोलन करेके बात दु तिहाई लगेके सरकार के खातिर सरम के बात भईल बतवनी ।
एहितरे कार्जक्रम मे उखु उत्पादक किसान संघ बारा के सचिव गोरख प्रसाद यादव कर्जा मे खेती करके उधारो मे डुबल किसान के बाँकी रकम तत्काल भुक्तानी करे खातिर सरकार आ उद्योगीलोग से निहोरा कइनी । जोडा के प्रवाह ना करके आन्दोलन मे उतरल किसान के जीवन रक्षा करेके भी यादव माग कइनी ।
कार्जक्रम मे सहकारी अभियान के विश्वनाथ लामिछाने, झपेन्द्र बराल, अरुण चौधरी लगायत दु दर्जन से बेसी किसान प्रतिनीधि एवं सहकारीकर्मीलोग के सहभागिता रहल रहे ।






