अन्नपूर्ण सुगर मिल रोज के रु एक करोड भुक्तानी करी

रौतहट, ५ पुस
रौतहटस्थित अन्नपूर्ण सुगर मिल किसान के बक्र्याैता रकम भुक्तानी कईल सुरु कईले बा । उ मिल एक विज्ञप्ति प्रकाशन करत आजु से दैनिक रु एक करोड के दर से रकम भुुक्तानी करेके जनवले बा ।
मिल दैनिक रु एक करोड के दर से किसान के खाता मे रकम जम्मा करेके सूची तईयार कईल कहत जेतना जलदी भुक्तानी करेवाला मिल के सञ्चालक राकेश अग्रवाल जानकारी देहनी । उनका मुताविक बितल बरीस किसा के रु अठार करोड भुक्तानी कईल रहे ।
उद्योग वाणिज्य तथा आपूर्ति मन्त्रालय के तथ्याङ्क मुताविक उ मिल से भुक्तानी करेवाला रकम रु सत्र करोड बा । एहितरे राकेश अग्रवाल सञ्चालक रहल नवलपरासीस्थित इन्दिरा सुगर मिल रु चार करोड ७० लाख भुक्तानी करेके बाँकी बा ।
सब से बेसी बक्र्याैता रकम रहल श्रीराम सुगर मिल बितल शुक के दिने से भुक्तानी शुरु कईले बा । उ मिल सोमार तक बक्र्याैता रकम भुक्तानी करेके उद्योग मन्त्रालय मे सहमति कईले बा ।
मन्त्रालय मे कईल सहमति मुताविक उ मिल शुक के दिने छ हजार किसान के रु १६ करोड ४४ लाख ७० हजार बक्र्यौता रकम भुक्तानी कईल बतवले बा ।
बितल बरीस के पुस १८ गते सरकार, चिनी मिल आ उखु किसानबीच भईल सम्झौता मुताविक रकम भुक्तानी ना मिलल कहत बितल एतवार से उखु किसान काठमाण्डु के आन्दोलन करत आईल बाडन ।
मन्त्रालय के तथ्याङ्क मुताविक लुम्बिनी चिनी मिल के रु आठ करोड ४१ लाख, इन्दिरा सुगर मिल के रु चार करोड ७० लाख, अन्नपूर्ण सुगर मिल के रु १७ करोड आ श्रीराम सुगर मिल के रु ३५ करोड करके पाँच चिनी मिल से रु ६५ करोड ३१ लाख रकम भुक्तानी करेके बाँकी रहल बा ।
दु मिल बक्यौता रकम भुक्तानी करे खातिर शुरु कईला पर भी आउर मिल भुक्तानी शुरु कईले नइखन ।






