ठोरी क्रिश्चियन समाज द्वारा शुभकामना आदानप्रदान कार्जक्रम पुरा

मेघराज राय

जीराभवानी ०७ पुस

ठोरी गाँवपालिका वार्ड नं. २ राईधारा मे ठोरी क्रिश्चियन समाज के आयोजना मे आवेवाला अङ्ग्रेजी बरीस २०२१ तथा कृसमस डे के शुभ अवसर मे आजु एगो कार्जक्रम के बीच शुभकामना आदान प्रदान कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

ठोरी गाँवपालिका के अध्यक्ष पास्टेर सुन लामा (माईकल) के सभापतित्व मे तथा ठोरी गाँवपालिका के अध्यक्ष पदमलाल श्रेष्ठ के प्रमुख आतिथ्यता मे भईल रहे । कार्जक्रम मे जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के उपाध्यक्ष ठाकुर प्रसाद न्यौपाने, ठोरी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ४ के वार्ड अध्यक्ष बईबहादुर तामाङ, रेडियो बिजयबस्ती के अध्यक्ष सन्तोष श्रेष्ठ, ठोरी गाँवपालिका के शिक्षा संयोजक भुपाल कुमार जोसी, उन्नति मेडिकल के प्रोप्राईटर सुरेश साह, ठोरी वृद्ध आश्रम के अध्यक्ष आसबहादुर गुरुङ लगायत के लोग शुभकामना व्यक्त करत कोरोना के महामारी मे चाडपर्व सामाजिक दूरी बनाके आ स्वास्थ्य मापदण्ड पूरा करके मनावे खातिर निहोरा कईले रहनी ।

पर्व मे सामाजिक सद्भाव कायम करे खातिर निहोरा कईले रहलन । उ कार्जक्रम मे स्वागत मन्तव्य ठोरी गाँवपालिका के क्रिश्चियन समाज के महिला पास्टेर बिनु मगर कईले रहनी आ संचालन रामबहादुर श्रेष्ठ कईले रहनी ।

कार्जक्रम ठोरी क्रिश्चियन समाज तथा माडी के बादर झुले क्रिश्चियन समाज के स्थानिय बुद्धिजिबी जनानी लगायत सयो जने के सहभागीता रहल रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।