ट्राफिक आ नेपाल पुलीस के बदमासी नेपाली के सास्ती भारतीय के मस्ती

प्रभु यादव
बारा ०८ पुस
बारा मे नेपाल पुलीस आ ट्राफिक पुलीस से नेपाली गाडी चालक हरान भईल बाडन ।
दिने दिने सडक दुर्घटना बढ रहल कहत रास्ता मे चलेवाला सवारी साधन सब के चेक जाँच करे मे आपना मनमानी प्रहरी सब दुःख देरहल देवताल गाँवपालिका के दिनेश मण्डल सिकायत कईले बानी ।
नेपाली नम्वर के मोटरसाईकल के चेक जाँच करे मे अनावश्यक झन्झट देखा के पईसा असुल रहल बाडन माकिर भारतीय नम्वर प्लेट भईल मोटरसाईकल लेहल लोग के गाडी मे स्पष्ट नम्वर देखाई ना देवो वा एक ओर नम्वर प्लेट रहो कवनो चेक जाँच ना करे के काम ट्राफिक प्रहरी आ नेपाल प्रहरी के टोली करहल महतो आरोप लगावले बानी ।
टिपर, मिनि ट्रक आ ट्रेक्टर केतनो नियम से अधिक लोड लेके जारहल बा ओकरा के कवनो चेक जाँच ना कईल माकिर नेपाली मोटरसाईकल के मात्र चेकजाँच के नाम मे दुःख देरहल बाडन कलैया ट्रफिक पोष्ट के प्रहरी सब महागढीमाई नगरपालिका २ के मुकेश यादव सिकायत कईले बानी ।
कलैया सिम्रौनगढ सडक पर भारतीय चार चक्का टाटासुमो, स्कारपियो, बलेरो गाडी दिन के सयो के संख्या मे आवत जावत कर रहल बा जवन भन्सार ना तिरले बा माकिर ओईसन के चेक जाँच ना कर के नेपाली जनता के दुःख देवे के आ जरीवाना लेवे के हप्ते पिछे कइल जारहल कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १४ के जानकार जनता लोग के सिकायत रहल बा ।
नेपाली जनता के भारत मे आपन पहुनाई जाए के होखो वा दवाई करावे सिमाना मे रहल भारतीय सिमाना पुलिस एसएसबी नेपाली नम्वर प्लेट के मोटरसाईकल जाए ना देरहल बा सिमाना बन्द बा कह के लवटा देत बा माकिर नेपाल मे बिना भंसार तिरले राय मार्ग मे तक विना रोक टोक चलावे के प्रहरी छुट देरहल बा माकिर नेपाली गाडी के अनावश्यक रूप मे दुःख देवे के काम करहल सिकायत करत कलैया उपमहानगरपालिका ३ के रमेश साह जनकारी करावले बानी ।
कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १४ वघवन के पसाह पुल लगे सवारी चेक जाँच करे के खातिर पुगल ट्राफिक पुलिस राकेश यादव आ नेपाल पुलिस के सई आर के मिश्रा के हर्कत से परेसानी भोगल सिकायत कईले बाडन ।
कलैया ट्राफिक पोष्ट के ईन्चार्ज नवलकिशोर साह से जानकारी लेहला पर चेक जाँच करेवाला गईल टोली कवनो किसिम के सवारी साधन होई सब के चेक जाँच करे आ गल्ती मिलला पर कारवाही करे के कहल गईल जनकारी करावले बानी ।
एहितरे सरकारी नम्वर प्लेट के गाडी के कवनो कागज पत्र चेक जाँच ना कईल जाला जवना से दुरूपयोग बहुते होरहल बा भी स्थानियवासी लोग के कहनाम रहल बा ।
प्रदेश नम्वर २ के ट्राफिक कार्यालय पथलैया के प्रहरी नायव उपरिक्षक राम ढकाल से जनकारी लेहला पर सभे किसिम के गाडी के चेक जाँच करे के आ गल्ती मिली तब ओही अनुसार के कारवाही करे के निर्देशन देहल गईल जनकारी करावले बानी ।
अभि तक कवनो सिकायत ना आईल बा ओईसन रहल होई तब बुझ के दोषी रहल कर्मचारी के कारवाही करे के जानकारी करावले बानी ।
नेपाल प्रहरी के प्रहरी नायव उपरिक्षक गौतम मिश्र भारतीय गाडी नेपाली लोग दहेज मे लेहले बा जवना के कागज पत्र निमन भईल देख के छोड देवे कहल गईल बा अभि गाडी सब के कहवो भंसार ना कटरहल जवना से भंसार ना भईल बाध्यता रहल जनकारी करावले बानी ।
नेपाली गाडी चलावे वाला लोग के सवारी चालक अनुमति पत्र अनिवार्य लेहल होखे के परल आ गाडी के बुलुबुक लेके चलल होखे के परल ना भईला पर कानुन अनुसार कारवाही करे के काम कररहल गौतम जानकारी करावले बानी ।
अभि तक भारतीय गाडी कागज पत्र ना भईल १२ गो पकड के जिल्ला मे राखल गईल मिश्रा जानकारी करावले बानी ।
व्यापारी आ तस्कर लोग के गाडी मे आवेला नियम से बेसी माल ओ लोग से महिना मे कमिसन उठावे के काम करत आरहल बा जवना लोग के कभियो कारवाही प्रहरी ना करी ना करेला कलैया के बुद्धिजिवी लोग के सिकायत रहल बा ।
ट्राफिक प्रहरी आ नेपाल प्रहरी के सवारी साधन ओर नियत बस छुट आउरी सास्ती के नजर रहल बा जवना के सम्बन्धित निकाय से अनुगमन आ कारवाही खातिर ध्यान पुगो आम जनता के कहनाम रहल बा ।






