संसद बिघटन खारेजी के माग करत वीरगंज मे मसाल जुलुस प्रदर्शन

वीरगंज ०९ पुस

नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) के भातृ संगठन अखिल नेपाल राष्ट्रिय स्वतन्त्र विद्यार्थी युनियन आजु सँझिया वीरगंज मे मसाल जुलुस प्रदर्शन कईले बाडन ।

घण्टाघर के पान गल्ली से निकलल मसाल जुलुस मे युनियन के केन्द्रिय सदस्य प्रभाकर गुप्ता, शिवम साह, जुबेर आलम, राष्ट्रिय युवा संघ नेपाल के केन्द्रिय सदस्य अरुण यादव, विद्यार्थी नेता उमेश गुप्ता लगायत सयो विद्यार्थी नेता आ कार्यकर्तालोग के सहभागीता रहल रहे ।

जुलुस घण्टाघर होत माईस्थान तक पुगला पर आन्दोलनकारी आ पुलीस बीच बेर बेर झडप भी भईल रहे । आन्दोलनकारीलोग मसाल जुलुस प्रदर्शन करेके समय मे संसद बिघटन खारेज कर, केपी ओली मुर्दाबाद, अनेरास्ववियु जिन्दाबाद लगायत के नारासब लगावल नेता प्रभाकर गुप्ता बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।