प्रधानमन्त्री कईनी मन्त्रिपरिषद विस्तार, ८ मन्त्री आ १ राज्यमन्त्री थपईलें

काठमाण्डु १० पुस

प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली ८ मन्त्री आ एक राज्यमन्त्री थप के मन्त्रिपरिषद विस्तार कईले बानी । साथे, कुछ मन्त्री के जिम्मेवारी फेरबदल भईल बा ।

संसद विघटन करके मध्यावधि निर्वाचन घोषणा कईला सँगे सत्तारुढ नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) मे विभाजन भईल रहे । आ प्रचण्ड–माधव समूह मे रहल ७ मन्त्री राजीनामा देहले रहलन ।

प्रधानमन्त्री ओली शुक के दिने आपन समूह के नेतालोग के मन्त्री बनाके मन्त्रिपरिषद विस्तार कईले बाडन ।

थपाईल ८ मन्त्री मेसे ५ जने प्रचण्ड के छोड के ओली समूह मे लागल नेतालोग बाडन । प्रचण्ड के छोड के ओली समूह मे आईल टोपबहादुर रायमाझी, मणि थापा, प्रभु साह, गौरीशंकर चौधरी आ दावा लामा मन्त्री भईल बाडन । रायमाझी के उर्जा, थापा के खानेपानी, साह के सहरी विकास, चौधरी के श्रम आ लामा के खेलकुद मन्त्रालय के जिम्मेवारी देहल गईल बा ।

नेकपा फुटला पर रायमाझी आ थापा ओली ओली लागल रहलन आ साह प्रचण्ड–माधव समूह मे । रामबहादुर थापा बादल निकट रहल लामा बियफे के दिने मात्र प्रचण्ड–माधव समूह के बईठक मे पुगल रहलन । माकिर शुक के दिने ओली समूह मे आके मन्त्री बनल बाडन ।

एहितरे प्रेमबहादुर आले वन, गणेश ठगुन्ना संघीय मामिला तथा सामान्य प्रशासन आ जुलीकुमारी महतो महिला, बालबालिका तथा जेष्ठ नागरिकमन्त्री बनल बानी ।

जुली स्थायी कमिटी सदस्य रघुवीर महासेठ के मेहरारु भी बाडि । नेकपा विभाजन भईला पर उ ओली समूह छोडके प्रचण्ड–माधव ओरी लागल रहलन । ७ पुस मे उ समूह के स्थायी कमिटी बईठक मे सहभागी भईल उ फेनु ओली समूह मे फिर्ता भईल रहलन । एहितरे विमला विश्वकर्मा के उद्योग राज्यमन्त्री बनावल गईल बा । सभी केहु आजु सपथ लेहले बाडन ।

मन्त्रालय फेरबदल

नयाँ मन्त्रीलोग अईला सँगे प्रधानमन्त्री ओली कुछ मन्त्रीलोग के जिम्मेवारी फेरबदल कईले बानी ।

प्रभु साह के सहरी विकास मन्त्रालय के जिम्मेवारी देहला के बाद कृष्णगोपाल श्रेष्ठ शिक्षा मे पुगल बाडन । एहितरे, गणेश ठगुन्ना संघीय मामिला तथा सामान्य प्रशासन मन्त्रालय लेहला के बाद हृदयेश त्रिपाठी स्वास्थ्य तथा जनसंंख्या मन्त्रालय मे पुगल बाडन ।

स्वास्थ्य मे रहल भानुभक्त ढकाल के संस्कृति, पर्यटन तथा नागरिक उडयनमन्त्री बनावल गईल बा ।

जुलीकुमारी महतो महिला, बालबालिका लेहला पर लीला श्रेष्ठ कानून मन्त्रालय के जिम्मेवारी लेहले बाडि । कानून मे रहल डा. शिवमाया तुम्बाहाम्फे के भूमि व्यवस्था आ उहाँ रहल पद्मा अर्याल के कृषि के जिम्मेवारी देहल गईल बा ।

मन्त्री आ राज्यमन्त्री हटावल गईल

संसद विघटन के विरोध मे ७ मन्त्री राजीनामा देहले रहलन । माकिर ८ मन्त्री आ एक राज्यमन्त्री थपला के बाद प्रधानमन्त्री ओली एक मन्त्री आ एक राज्यमन्त्री के हटवले बानी ।

उ युवा तथा खेलकुदमन्त्री जगत विश्वकर्मा आ उद्योेग राज्यमन्त्री मोती दुगड के हटवले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।