कलैया सिटि जेसीज के निर्वाचन कार्जक्रम स्थगित

बारा ११ पुस

कलैया सिटी जेसीज के ११ वाँ वार्षिक साधारण सभा तथा शाखा अधिवेशन स्थगित भईल बा ।

कलैया सिटी जेसीज के ११ वाँ वार्षिक साधारण सभा तथा शाखा अधिवेशन हो रहला पर उम्मेदवारलोग वीच आपसी सहमति ना भईल तथा बईठक के समय समाप्त होके रात भईला से निर्वाचन कार्जक्रम तत्काल करे ना सकेवाला भईला से अभी के खातिर निर्वाचन स्थगित कईल गईल निर्वाचन अधिकृत राजेश कुशवाहा बतवले बानी ।

अध्यक्ष कुशवाहा जेजिज के केन्द्रिय अध्यक्ष के एगो पत्र लिखत निर्वाचन के दोसर समय तोक के निर्वाचन मार्फत नयाँ कार्यसमिति चयन करेके बात उल्लेख रहल बा ।

उम्मेदवारी देहल दुनु पक्ष के निर्वाचन स्थगित के खातिर सूचना जारी कईला पर भी कुछ जेसीज मित्रलोग खुदे हचुवा के ताल मे नयाँ कार्यसमिति बनावल बात सुनला पर खुद के आश्र्चय लागल बतवले बानी ।

जेसीज के मर्म आ नियम के उपहास कईला मे ओईसन पक्ष के जेसीज के गरिमा कायम राखत निर्वाचन मे भाग लेवे खातिर निहोरा भी कईल निर्वाचन अधिकृत कुशवाहा बतवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।