अभी रास्ता सँचियावे खातिर ताजा जनादेश मे जाएके पडि : कमल थापा

वीरगंज १२ पुस

राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी के अध्यक्ष कमल थापा २०६२÷०६३ के बाद देश गलत रास्ता मे लेहल कहत ताजा जनादेश मे जाके ओकरा के सँचियावे के बतवले बानी ।

एतवार के दिने वीरगंज मे राप्रपा से कईल प्रदर्शन के बाद के सभा मे उ कहनी कि, ‘जनता से ई बुझत आईल बाडन कि धर्म निरपेक्षता, गणतन्त्र आ संघीयता नेपाली जनता के भावना से आईल नइखे, विदेशी के एजेन्डा रहल बा, रास्ता आ नीति परिवर्तन करेके जरुरत बा । ओकरा खातिर ताजा जनादेश मे जाएके पडि ।’

दु तिहाइ बहुमत लगे मत मिलला पर भी नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी से वाचा मुताविक काम करेके आ परिवर्तन के अनुभूति देवे ना सकल कहत थापा उलोग मे इमान्दारिता आ दूरगामी सोचाइ ना भईल पुष्टि भईल जिकिर कइनी ।

थापा कम्युनिष्ट आ काङ्ग्रेस पार्टी के नेतालोग जनता के मुठ्ठी के माखा सम्झल भी टिप्पणी कइनी । जनता के लोभ, लालच आ पईसा मे किनल जा सकता कहके सोच उलोग मे रहल उ बतवनी ।

‘उलोग का मानेलन कि जनता कहल मुठ्ठी के माछी हउवन ? चुनाव के समय मे लोभ, लालच, प्रलोभन आ पईसा देहला पर भोट सजिले लेहल जा सकता कहके पडल बा’ उ कहनी ।

२०६२÷०६३ के परिवर्तन के बाद नेपाल मे संगठित आ योजनावद्ध तरिका से धर्म परिवर्तन करावल कहत थापा सनातन धर्म समाप्त करेके षड्यन्त्र हो रहल बतवनी ।

एतवार के दिने विरोध प्रदर्शन के बाद राप्रपा पर्सा प्रमुख जिल्ला अधिकारी मार्फत प्रधानमन्त्री के ज्ञापनपत्र बुझवले बा ।

ज्ञापनपत्र मे कोभिड–१९ महामारी नियन्त्रण, महंगी, बेरोजगारी समस्या के समाधान, भ्रष्टाचार नियन्त्रण आ धर्म परिवर्तन रोकेके लगायत के माग कईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।