नेपाल सञ्चारकर्मी संघ रौतहट के अध्यक्ष मे यादव चयन

मेवालाल यादव

रौतहट १३ पुस,

रौतहट जिल्ला मे नेपाल सञ्चारकर्मी संघ रौतहट गठन कईल बा । मौलापुर नगरपालिका स्थित पिकनिक पार्क मे जिल्ला भर के अनेकन संचार संस्था से जुडल सञ्चारकर्मीलोग के भेला बोलावल गईल रहे । उ भेला से नयाँ संघ गठन भईल बा ।

सञ्चारकर्मी लोग के हकहित के खातिर उ संस्था गठन कईल जनावल गईल बा । भेला से संघ के अध्यक्ष मे राजकुमार यादव के अध्यक्षता मे १७ सदस्यीय नयाँ कार्य समिति चयन कईल गईल बा ।

जजेकर वरिष्ठ उपाध्यक्ष मे रौशन कुमार चौधरी, उपाध्यक्षद्वय राजेश पासवान, सरिता कुमारी श्रीवास्तव, सचिव मे धिरेन्द्र साह, सह–सचिव मे रमेश कुमार यादव, कोषाध्यक्ष मे विजय साह, मेवालाल यादव, राजु श्वास्तव, ललन राउत बरइ, अखिलेश शरण पटेल, स्मिथ कुमार रजक, कबराज पटेल, राजनारायण पटेल, रामप्रवेश बैठा लगायत के रहल बाडन ।

संघ गठन के बाद सभी कागजी प्रक्रिया पूरा करके जलदी हि दर्ता प्रक्रिया मे जाएके नव नियुक्त अध्यक्ष यादव बतवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।