नेकपा प्रचण्ड समुह संविधान के वुझावेला गाँव–गाँव पुगल

प्रभु यादव

बारा १५ पुस

नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी प्रचण्ड–माधव नेपाल के समुह सभे पालिका के गाँवटोला मे नेता कार्यकर्ता के प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली से असंवैधानिक कदम चला के संसद खारेज कईल जानकारी करावेला पुगल बाडन ।

ओली के असंवैधानिक कदम के विरुद्ध मे आपन कार्यकर्ता सब के गोल बन्द होके भर्म के चिरफार करत कार्यकर्ता सब के परिक्षण देवे के उदेश्य से पालिका सब के टोल टोल पुग के अगुवा नेता लोग जानकारी करारहल बा ।

ओही समय मे बारा के सिम्रोनगढ नगर पालिका मे रानिनिवास मंदिर के आगन मे नगर के अगुवा कार्यकर्ता लोग के परक्षिण देहत पार्टी के समर्थक आ आम जनता के असंवैधानिक कदम संसद विघटन कईल सम्बन्ध मे प्रधानमन्त्री से कईल निर्णय के विरुद्ध मे समुदाय स्तर मे परिक्षण देवेला निर्देशन कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी नेकपा केन्द्रिय सदस्य तथा बारा सह–इन्चार्ज डा.गोपाल ठाकुर देहले बानी ।

सिम्रोनगढ नगरपालिका के नेकपा अध्यक्ष श्याम किशोर यादव के अध्यक्षता भईल कार्जक्रम मे नेकपा जिल्ला संगठन समिती के सदस्य रमेश साह, भोगेन्द्र यादव आपन आपन बात रखले रहनी ।

कार्जक्रम के संचालन जिल्ला कमिटी सदस्य लक्ष्मी यादव कईले रहनी जवना मे सयो के सख्या मे कार्यकर्ता सब के सहभागी रहल रहे । बुध के दिन सुबह मे आदर्शकोतवाल गाँवपालिका मे अगुवा कार्यकर्ता भेला कर के परक्षिण देहल गईल रहे डा. ठाकुर जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।