एम.आई.एस. अपरेटर आ फिल्ड सहायकलोग के समिति बनल

वीरगंज १८ पुस

पर्सा के स्थानिय तहसब के सेवा इकाई मे कार्यरत एम.आई.एस. अपरेटर तथा फिल्ड सहायकलोग के भेला आजु वीरगंज मे पुरा भईल बा ।

वीरगंज श्रीपुरस्थित सम्झना होटल मे भईल भेला से मनोज राउत थारु के अध्यक्षता मे १७ सदस्यीय एम.आई.एस. अपरेटर तथा फिल्ड सहायक समिति गठन कईले बा । जउन समिति के उपाध्यक्ष अमिरिता साह, सचिव श्याम प्रसाद कुशवाहा, कोषाध्यक्ष जितेन्द्र यादव चयन भईल बाडन ।

एहितरे सदस्यलोग मे बिनोद साह, रंजन कुमार गुप्ता, अजय कुमार, अनु कुमारी, सविता तिमिल्सिना, चन्दशेखर यादव, सावन कुमार गुप्ता, ओमप्रकाश महतो, भिस्म राज खतरी, लक्ष्मण साह, आशिष कुमार कुशवाहा, प्रविन्द्र साह, इब्राहिम अंसारी रहल बाडन ।

नव गठित समिति के आजु बईठल बईठक से बिहान (एतवार) जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मे ज्ञापन पत्र बुझावे के निर्णय कईले बा ।

कालिकामाई गाँवपालिका के सेवा ईकाइ मे कार्यरत एमरु.आई.एस अपरेटर आ फिल्ड सहायक के म्याद ओराईल एक महिना वितला पर भी अभी तक आउर ना भईला से ज्ञापन पत्र बुझावे के निर्णय भईल नव गठित समिति के अध्यक्ष थारु जानकारी देहनी ।

गृह मन्त्रालय मातहत के राष्ट्रयी परिचयपत्र तथा पंजीकरण विभाग से म्याद थपे खातिर स्विकृत सहित के निर्देशन देहला पर भी गाँवपालिका म्याद थपेके ना मानला से दबाव के खातिर ज्ञापन पत्र बुझावे के निर्णय भईल उ जानकारी देहनी ।

उ आजु कालिकामाई गाँवपालिका मे आईल समस्या आईल बा, बिहान आउर पालिका मे भी आवे सकेवाला भईला से हमनी एगो समिति हि गठन करके ओईसन काम के बिरोध आ संघर्ष करेके निर्णय कईले बानी ।

विभाग से मिति पुस १२ गते च.न. १३२१ भईल पत्र मार्फत गाँवपालिका के पंजीकरण शाखा मे कार्यरत रहल एम.आई.एस अपरेटर आ फिल्ड सहायक के म्याद थप करेके स्विकृत सहित के निर्देशन देहले रहे । माकिर पुस १४ गते विभाग के निर्देशन विपरित उ दु कर्मचारी के म्याद थप ना करे खातिर कार्यपालिका से निर्णय भईल गाँवपालिका अध्यक्ष खुदे एक पत्र लिख के जानकारी करवले बाडन ।

राष्ट्र व्यापी खुल्ला प्रतियोगिता से सेवा कारार मे न्युक्त भईल एम.आई.एस. अपरेटर लक्ष्मण साह आ फिल्ड सहायक भेष साह के काम आ प्रगति विवरण संतोषजनक ना रहल निर्णय भईला से म्याद करार नविकरण करे ना सकेके लिखल गईल भी गाँवपालिका के प्रशासन शाखा अगहन ८ गते काम सम्पादन संतोषजनक रहल टिप्पणी आदेश देहले बा ।

कालिकामाई गाँवपालिका के गलत रवैया से राष्ट्र व्यापी अभियान मे असर पडेवाला भईला से हमनी पर्सा के एम.आई.एस. अपरेटर आ फिल्ड सहयाकलोग एकताबद्ध भईल नव गठित समिति के कोषाध्यक्ष यादव बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।