प्रदेश २ के सब से कम जघन्य अपराध के घटना बारा मे

प्रभु यादव

बारा २१ पुस

प्रदेश नम्वर २ के आठ जिल्ला मध्ये कम जघन्य अपराध घटना बारा मे रहल प्रहरी निरिक्षक कृष्ण पंगेनी जनकारी करावले बानी ।

द सहारा लोन सेभिङ्ग को अपरेटीभ सोसाईटी लिमिटेड बारा शाखा मे २४ वाँ वार्षिक साधारण सभा के छलफल मे प्रमुख अतिथि के आसन से सम्बोधन करत प्रहरी उपरिक्षक पंगेनी जघन्य अपराध के सम्बन्ध मे जानकारी करावले रहनी ।

आपने प्रहरी कार्यालय मे आईल समय से दिन रात वितिय संस्था सब के ओर शान्ति सुरक्षा के विशेष टोली पठा के सुरक्षा के काम करवारहल पंगेनी जनकारी करावले रहनी ।

द सहारा के सञ्चालक समिति सदस्य राकेश पाण्डे के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे विशिष्ट अतिथि बारा उधोग वाणिज्य संघ के अध्यक्ष राजकुमार साह, नागरिक समाज बारा के अध्यक्ष उमेशलाल दास, ब्रमराज्योग के मिना बहन अतिथि पत्रकार महासंघ प्रदेश समिति सदस्य सिकेन्द्र पासवान, पत्रकार सत्यप्रकाश श्रेष्ठ, अनिल गौरव, शिवशंकर मिश्रा, सजिव मिश्रा, सुजित अर्याल, राजेश कुशवाहा, मुकेश यादव, अजय साह, भोला पौडेल लगायत के लोग दुसर बैक मे से ऋण लेवेला असहज होखेला माकिर द साहार मे से सहज मिलला से जनता के सहयोग मिल रहल जनकारी करावले रहलन ।

द सहारा मे कलैया शाखा मे दु हजार पाच सय ६४ जने सेयर धनी रहल जवना लोग के कारोबार के सम्बन्ध मे कार्यालय प्रमुख दिपेन्द्र चौधरी जनकारी करावले रहनी ।

लोन को अपरेटिभ संस्था मे असल बचत कर्ता धनसुन्दर यादव, असल ऋणी सलिम मिया, असल फिल्ड कार्यक्रर्ता रमाशंकर आ शान्ति सुरक्षा बारा मे राखे मे अतुलनीय काम कईल कह के बारा प्रहरी के प्रहरी उपरिक्षक कृष्ण पंगेनी के प्रशंसा पत्र सहित दोसला ओढा के समान कईल गईल रहल ।

कार्जक्रम के सञ्चालन पत्रकार जयनारायण यादव कईले रहलन आ अतिथि लोग के स्वागत फिल्ड कार्यकर्ता पुनम साह कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।