पर्सा आ बारा मे अनेरास्ववियू के नेता कार्यकर्तालोग प्रधानमन्त्री के पुत्ला जरवलें

वीरगंज २३ पुस

नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) प्रचण्ड–माधव समुह निकट अनेरास्ववियू पर्सा आजु वीरगंज मे राष्ट्रपति आ प्रधानमन्त्री के पुतला दहन कईले बा ।

अनेरास्ववियू के केन्द्रिय सर्कुलर मुताविक ७७ गो जिल्ला मे पुतला जरावे के कार्जक्रम अन्तर्गत वीरगंज मे भी विरोध प्रदर्शन तथा पुतला दहन कईल बा ।

अनेरास्ववियू पर्सा के अध्यक्ष रामबाबु यादव के अध्यक्षता मे भईल विरोध प्रदर्शन वीरगंज के घडिअर्वा पोखरी से शुरु होके माइस्थान मे पुग के कोण सभा मे परिणत भईल रहे ।

विरोध सभा मे सहभागीलोग ‘केपी ओली मुर्दावाद, संसद विघटन करे ना मिली, संविधान विरोधी निर्णय खारेज कर’ लगायत के नारा लगवले रहलन । पुतला दहन करेके समय मे पुलीस हस्तक्षेप भी कईले रहे ।

कोणसभा के सम्बोधन करत बक्तालोग खुदे बनावल संविधान के लत्याके कईल संसद विघटन निन्दनिय भईल बतवनी ।

केपी शर्मा ओली शक्तिआर्जन के खातिर कईसनो कदम चाले सकेवाला भईला से गणतन्त्र खतरा मे पडे सकेके सङ्केत कतर जोखिमपुर्ण अवस्था आवे ना देवे खातिर अनेरास्ववियू सडक मे उतरल उलोग के कहनाम रहे ।

बिरोध प्रदर्शन तथा पुतला दहन कार्जक्रम मे नेकपा के जिल्ला कमिटी सदस्य मनोज चौधरी, नेता अरबिन्द सिंह, राष्ट्रिय युवा संघ के केन्द्रिय सदस्य अरुण यादब, अनेरास्ववियु के केन्द्रिय सदस्यलोग प्रभावकर गुप्ता, शिवम साह, जुवेर आलम, पूर्व केन्द्रिय सदस्य इशक कुमार, अनेरास्ववियु ठाकुरराम क्याम्पस इकाई अध्यक्ष सन्दिप गुप्ता, युवा संघ के वीरगंज महानगर अध्यक्ष उमेश ठाकुर, अनेरास्ववियु के नेतालोग रन्दिप श्रीवास्तव, रामबाबु मण्डल, उपेन्द्र साह, सुशिल हजरा लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

प्रभु यादव÷ बारा,

अखिल नेपाल राष्ट्रिय बिद्यार्थी युनियन से पुर्ब निर्धारित कार्जक्रम के मुताविक कलैया बजार परिक्रमा कर के प्रधानमन्त्री केपीशर्मा ओली के पुतला कलैया भरत चौक मे दहन कईले बा ।

पुतला दहन कार्जक्रम अनेरास्ववियु बारा अध्यक्ष राजेश्वर प्रसाद कुश्वाहा के अगुवाई मे भईल रहे । जब तक प्रतिनिधि सभा के पुनः स्थापना ना होई तब तक हमनी के आन्दोलन जारी रही प्रमुख अतिथि प्रदेश कमिटी सदस्य प्रभु यादव सभा के सम्बोधन करत कहले बानी ।

कार्जक्रम मे बिद्यार्थी नेता इमरान आलम, दिनेश यादव, रोशन रौनियार, सुदिप यादव, ब्रहमदेव कुश्वाहा लगायत सहभागीता रहल रहे । कार्जक्रम के संचालन राजेश गुप्ता कईले रहनी ।

एहितरे नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) बारा प्रचण्ड–नेपाल समर्थक कलैया उपमहानगर पालिका वार्ड नं. १९ पचायनपुर मे भेला कईले बा । पुर्ब निर्धारित कार्जक्रम पुस २६ गते होखेवाला कलैया पालिका स्तरीय भेला के तईयारी मुताविक भेला पचायनपुर मे भईल बा ।

कलैया १८, १९ आ २५ वार्ड के अगुवा भेला के अध्यक्षता सैमुल्लाह मिया ठकुराइ कर्यले रहनी । कार्जक्रम मे ७५ वार्ड स्तरिय आन्दोलन परिचालन कमिटि गठन कईले बा ।

कार्जक्रम मे जिल्ला कमिटी के जवाहिर अंसारी, मुकेश साह, उमेश यादव, बिक्रम ठाकुर, धुर्ब यादव, मुस्लिम प्रदेसिक तथा ममिला बिभाग प्रमुख राज खान, मुस्लिम केन्द्रिय सदस्य अबुलेश अंसारी, नेता संदिप यादव सुरेश मोदक लोहार, नन्दलाल ठाकुर, प्रमान्न्द कुश्वाहा, हरिओम साह, बैधनाथ साह, बिनोद गुप्ता, अजित कर्ण, शर्मा बैठा लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।