भोडहा सानाकिसान सहकारी मे प्रतिनिधि छनौट मे अनियमित्ता

प्रभु यादव

बारा २४ पुस

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर २२ के साना किसान सहकारी संस्था के शेयर धनी प्रतिनिधि छनौट मे अनियमित्ता भईल आरोप लागल बा ।

सुक के दिन साविक गाविस भोडहा ९ अभी कलैया उपमहानगरपालिका २२ मे अन्तर समूह ९ के शेयर धनी सब सहकारी के अधिवेशन मे छनौट प्रतिनिधि करे मे अनियमित्त रूप से कईल गईल कहत फेर से छनौट करे के माग करत ४३ जने हस्ताक्षर कर के निर्णय सहित सहकारी मे पत्र बुझावले बाडन ।

पत्र मे साना किसान सहकारी संस्था के विधान विपरीत कर्मचारी नन्दलाल पासवान आ अध्यक्ष नगिना सिंह शेयर सदस्य सब के विना सम्झावले बुझावले जोर जबर्जस्ती हस्ताक्षर करा के आपन मनोमानी किसिम से प्रतिनिधि छनौट कईल कहत फिर से सभे सदस्य के बोला के छनोट करे के माग कईले बा ।

५० जने के संख्या मे आईल शेयर धनी सब साना किसान सहकारी संस्था के विधान पुर्वक सधारण सभा करावे के माग करत संस्था के अध्यक्ष के माग पत्र बुझावले बाडन ।

माग पत्र के बोधार्थ कलैया उपमहानगरपालिका मे देहल गईल चन्द्रजोती देवी जनकारी करावले बानी । अन्तर समूह ९ के सदस्य शेयर धनी जोखनी देवी आपना सब के कम पढल लिखल भईला से विना जनकारी करावले बल जवरदस्ती सही करा के सधारण सभा प्रतिनिधि छनौट कईले बाडन आ जनकारी लेहला पर जवना जगह खोजे के बा उ जगह खोज हमरा सब के डर ना भईल कर्मचारी पासवान के कहल आरोप लगावले बानी ।

सुनिता देवी समूह के बईठक विना करावले आपन खुशी समूह के पाँच सदस्य मध्ये एक जने के जनकारी देके बोला के आपन चाहेवाला सदस्य के छनौट कर्मचारी आ समिति के अध्यक्ष कईले बाडन जवना के रद कर के फेर से छनौट करे के कहत जानकारी करवले बाडी ।

साना किसान सहकारी संस्था भोडहा के अध्यक्ष नगिना सिंह से जनकारी लेहला पर मुल कार्य समिति के पुस १३ गते बईठल बईठक से बनल नियम अनुसार कोभिड के महमारी के मध्य नजर करत हरेक अन्तर समूह से एक जने प्रतिनिधि आ पाँच जने सहभागी सभे समूह के प्रतिनिधि राख के छनौट कईल गईल जनकारी करावले बानी ।

अन्तर समूह ९ मे रहल मदिलवा, बकुलहर आ कवलपुर के सदस्य लोग प्रतिनिधि पुस २१ गते राख के छनौट कईल गईल आपन लोग के सहभागिता रहल माकिर छनौट आईल सदस्य लोग आपन ईच्छा से कईले रहनी अध्यक्ष सिंह जनकारी देहनी ।

आपन जगह असन्तुष्ट लोग के आईल पत्र के सनिचर के दिन सहकारी के समिति कर्मचारी सभे के भेला करा के छलफल कर के सन्तुष्टि दिलावे के काम करे के जानकारी अध्यक्ष सिह करावले बानी ।

असन्तुष्ट पक्ष से शनिचर के कवनो निष्कर्ष ना निकली तब एतवार के दिन कार्यालय के मुल गेट मे ताला बन्दी करे के जनकारी देहले बाडन ।

साना किसान सहकारी संस्था के सधारण सभा पुस २९ गते करे के समय देहल गईल आ तईयारी पूरा होरहल सहकारी प्रशासन पक्ष से जानकारी आईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।