वीरगंज से भुलाईल दु जने लईका भारत के पटना मे मिललें

वीरगंज २६ पुस

शनिचर से भुलाईल वीरगंज के दु जने लईका भारत के बिहार राज्य के राजधानी सहर पटना मे मिलल बाडन । वीरगंज के व्यवसायी जगरनाथ कलवार के बेटा शिवेश गुप्ता (तेजस) आ वीरगंज–४ विर्ता रहेवाला दिपेश शर्मा के बेटा प्रनेश शर्मा पटना मे मिलल बाडन ।

वीरगंज के गौतम स्कुल मे किलास ६ मे पढरहल दुनु जने लईका शनिचर से बेपत्ता रहलन । भारतीय पुलीस िसँगे के समन्वय मे उलोग के पटना मे खोजल वडा प्रहरी कार्यालय विर्ता के प्रहरी निरीक्षक राजेश राज पुरी जानकारी देहनी ।

“पटना पुगल रहलन, भारतीय पुलीस खोज के जसनपुर थाना मे रखले बाडन,” प्रहरी निरीक्षक पुरी कहनी, “गलत हाथ मे पडल रहित त समस्या होखित । समय मे समन्वय करके खोजल गईल बा । अभिभावक के साथ मे समन्वय करे खातिर पुलीस भी गईल बा ।”

लईकालोग भारत ओरी गईल हो सकेके आशंका सिसिटीभी क्यामेरा के फुटेज से मिलल रहे । उलोग के साईकल सहित सबेरे १०ः५३ बजे सिगरेट फैक्ट्री रोड मे सुर्या हस्पिटल अगाडी से मालपोत चौक ओरी जा रहल सीसीटीभी क्यामेरा के फुटेज से पत्ता लागल रहे । ओकरे आधार मे पुलीस भारत ओरी खोजी काम अगाडि बढावल गईल रहे ।

होम ट्युसन पढ के निकलल बेटा घर ना फिर्ता ना भईला के बाद तेजस के खोजी कईल आ साथी प्रनेश भी घर मे ना भईल जानकारी मिलल व्यवसायी जगरनाथ प्रसाद कलवार बतवनी ।

आफन्त साथीभाइ मे ना मिलला के बाद खोजी के खातिर पुलीस के सहजोग लेहल गईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।