माण्डवी नामक संस्था सामाजिक काम छोडके पार्टी मे लगानी कर रहल आरोप

मेवालाल यादव
रौतहट २६ पुस
अनेकन संघ संस्था गरिब आ निमुखा जनता के हित के खातिर काम करेके झुठा अश्वासन देके निजि स्वार्थ पुरा करत आईल बा ।
संविधान के कानुन भितर रहके काम करेके प्रतिवद्वता राखल एन.जी.ओ., आई.एन.जी.ओ. आ संस्था जनता के भ्रमित करत आईल समाचार सर्वव्यापी हि रहल बा माकिर अभी माण्डवी नामक संस्था रोपेया के दुरुपयोग करके राजनीति कर रहल पार्टी अन्तरगत काम करत आईल अरोप रहल बा ।
माण्डवी नामक संस्था आपन आसेपासे के नियुक्त करके स्वयं के स्वामित्व मे कांग्रेस पार्टी के नेता तथा कार्यकर्ता बाहेक के जनता से विभेद कर रहल ईशनाथ नगरपालिका वार्ड ६ के वार्ड अध्यक्ष रामेश्वर साह आरोप लगवले बानी ।
ई संस्था कउनो कार्जक्रम के बारे मे स्थानीय तह के जानकारी हि ना करा के मनमानी करत आईल बा । नगरपालिका से समन्वय ना करके कांग्रेस पार्टी के नेता तथा कार्यकर्ता से मात्र तालमेल राख के राजनीति करत आईल बा ।
संस्था के एगो शिर्ष पद मे रहल अध्यक्ष आ सहजोगी पार्टी के हरेक काम मे सामील भईल ई बात के प्रमाणित करेला कि संस्था के नाम मे समाज सेवा ना संस्था के आड मे पईसा के दुरुपयोग आ राजनीति बाहेक कुछो भी ना कर रहल नगर प्रमुख संतोष मेहता कहनी ।
अईसन गैरजिम्मेवार किसिम से राजनीतिक करेके उद्देश्य से संघ संस्था के रोपेया दुरुपयोग कर रहल अनेकन माध्यम से बारम्बार ई बात उठरहला पर भी जिल्ला प्रशासन कार्यालय रौतहट, गृह मन्त्रालय, समाज कल्याण नेपाल लगायत सम्बन्धित निकाय के ध्यानाकर्षण ना भईला से अनेकन किसिम के शंका उत्पन्न होखे लागल नगर प्रमुख मेहता बतवनी ।




