जोखिम भात्ता माग करत कलैया अस्पताल के कर्मचारी धर्ना मे

प्रभु यादव
बारा २८ पुस
बारा के कलैया अस्पताल के कर्मचारी सब जोखिम भत्ता माग करत धर्ना मे बईठल बाडन ।
अस्पताल के आकास्मिक सेवा बाहेक के सभे काम थप कर के आन्दोलन करत धर्ना मे कर्मचारी सब बईठल बाडन ।
एक सय १० जने कर्मचारी सब कोरोना १९ मे जोखिम मे लाग के काम कईले रहल माकिर सरकार से जोखिम भत्ता देवे के कहले रहल मकिर देश के अउरी जगह देहले बा माकिर आपना सब के पहिलका आर्थिक बरीस के ना मिलल तब बाध्य होकर के आन्दोलन मे लागल कर्मचारी सभे जनकारी करावले बानी ।
१० महिना वितेलागल माकिर काम कईल लोग के भता ना मिले के देखल गईला पर धर्ना मे लागल डाक्टर लोग के कहनाम रहल बा ।
बहुते बेर लिखित आ मौखिक जनकारी करावला के बाद भी कवनो सुनवाई ना भईला से काम छोड के आन्दोलन करे के काम भईल सहभागी लोग के कहनाम रहल बा ।
सबेरे १० वजे से तिजहरीया के २ बजे तक अस्पताल के प्राङ्गणमे कर्मचारी लोग धर्ना मे बईठल रहल ।
कलैया अस्पताल के मेसु डाक्टर सुनिल कुशवाहा से जनकारी लेहला पर आपने अस्पताल प्रशासन से प्रदेश मे जोखिम भत्ता खातिर प्रक्रिया बढावले बानी संघ से प्रदेश मे रकम ना पेठावले बा जानकारी प्रदेश दे रहल बतवले बानी ।
आपना जगह प्रदेश सरकार से पईसा अवते कर्मचारी लोग के देवे के जनकारी मेसु कुशवाहा देहनी । धर्ना छोड के काम मे चले के खातिर कर्मचारी लोग से बात कईनी हवे उलोग मानेवाला तईयार ना भईल मेसु कुशवाहा जनकारी करावले बानी ।
आन्दोलन के सम्बन्ध मे प्रदेश स्वास्थ्य निर्देशालय आ समाजिक विकास मन्त्रालय के सचिव से बात कईले रहनीह दु चार दिन मे टोली लोग आन्दोलन करेवाला कर्मचारी से बार्ता करे आवेके जनकारी भईल कुशवाहा जनकारी करावले बानी ।
आपने जिल्ला प्रमुख अधिकारी से भेट के समस्या समाधान करे के खातिर पहल करेला बातचित करे खातिर समय लेहले बानी मेसु कुशवाहा जनकारी करावले बानी ।
ओपिडी मे चेक जाँच करावे आईल सेवाग्राही लोग फिर्ता चल गईल । अस्पताल के सेवा सब सञ्चालन करावे खातिर सरोकारवाला के ध्यान पुगो आ समस्या समाधान कर के सुचारू होखो फिर्ता होखेवाला सेवाग्रही के कहनाम रहल ।






