जनमत पार्टी रौतहट के पहिलका अधिवेशन पुरा

मेवालाल यादव
रौतहट २९ पुस
जनमत पार्टी रौतहट जिल्ला के इशनाथ नगरपालिका के–९ डुमरिया टोल मे प्रथम वार्ड अधिवेशन आजु पुरा भईल बा ।
जनमत पार्टी रौतहट जिल्ला के इशनाथ नगरपालिका–९ डुमरिया टोल मे भईल अधिवेशन से सचिन पटेल के अध्यक्षता मे ११ सदस्यीय समिति चयन भईल जनावल गईल बा ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी जनमत पार्टी के केन्द्रिय सदस्य बिरेन्द्र साह नेकपा हि मधेश के गुलाम बनावल बतावत मधेश के बर्बादी मे नेकपा के मुख्य भुमिका रहल दाबी करत ओईसन सोंच के आदमी के पिछे ना लागे खातिर निहोरा कईले रहनी ।
मधेसी नेतालोग मधेस के साथे गद्दारी कईला से अब के बिकल्प जनमत पार्टी रहल बतवनी । अब मधेसी जनता किसान, मजदुर, शिक्षक, युवा, वकिल तथा सभी वर्ग के जनमत से लडे खातिर निहोरा कइनी ।
कार्जक्रम मे बोतल बाबु साहेब मधेश के भविष्य जनमत से हि उज्वल होखी, अब जनमत पार्टी मात्र मधेसी जनता के अवाज आ पिडा के बुझ के मुक्ति दिता सकता कहत मधेश के युवालोगके जनमत पार्टी से जुडे खातिर निहोरा भी कईले रहनी ।
एहितरे जिल्ला सचिव बिकाश कुमार यादव जनमत पार्टी जेलनेल से जनमल पार्टी ह, ई पार्टी हि मधेश के अगाडी बढाई कहके दाबी कइनी ।
नेता सचिन पटेल के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे अर्जुन कुशवाहा, राजपुर नगरपालिका के अध्यक्ष बाबु साहेब, मुसलिम जनमत संघ के जिल्ला अध्यक्ष साह आलम, चिकित्सक जनमत संघ के डा. सुबान्श कुशवाहा, राजपुर नगरपालिका के उपमेयर के उमेदवार सकिना खातुन लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
कार्जक्रम मे अनेकन पार्टी छोड के सयो नेता कार्यकर्तालोग जनमत पार्टी मे प्रवेश कईल केन्द्रिय सदस्य पटेल बतवनी ।





