एक जात के संस्कृती उपर दुसर जात हाबी होरहल बा : प्रदेश सदस्य चौधरी

प्रभु यादव

बारा २९ पुस

एक जात के संस्कृती उपर दुसर जात हाबी होरहल बारा क्षेत्र नं. १ के “क” के प्रदेश सभा सदस्य त्रिलोकि चौधरी बतावले बानी ।

थारू पत्रकार संघ नेपाल के आयोजना मे माघी मिलन समारोह के कोल्हवी मे प्रमुख अतिथी प्रदेश सभा सदस्य चौधरी अईसन जानकारी करावले रहनी । संस्कृती मे हाबी होखल निमन रहल बा माकिर समाज मे सही रास्ता देखावेवाला के सम्मान करी विगाडेवाला के छोड देवे के चौधरी सल्लाह देहनी ।

माघी महोत्सव मनावते मातर थारू लोग के विशेष पर्व भईल देश भर मे बुझेल जाला कहके प्रदेश सभा सदस्य चौधरी जानकारी करावले रहनी ।

माघि महत्सव आवेला जवन समय थारू जातीय के भितर होरहल कुरिति सब के हटावे के काम रहल बा एक आपस मे अंकमाल कर के नयाँ वरिस बनावल जाला चौधरी जनकारी देहनी ।

पत्रकारीता से समाज मे रहल विकृती आ सुधार के सचेतना देवेला बहुते योगदान रहल प्रदेश सदस्य चौधरी जनकारी देहनी ।

समाज मे रहल लुकाईल बात सब के आपन लेखन माध्यम से उजागर कर के पत्रकार लोग के अगाडि बढावेला अहम भुमिका रहल बा ।

थारू पत्रकार लोग के खातिर आर्थिक सहयोग करेला तयार रहल बानि अउर थारू पत्रकार संघ नेपाल के हमरा से आसा विश्वास रहल जवना के जनकारी करावला पर सहजोग करे खातिर तईयार रहल जानकारी करावले रहनी ।

माघी मिलन समारोह थारू पत्रकार संघ नेपाल के बारा अध्यक्ष जियालाल चौधरी के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे विशिष्ट अतिथि बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिपकराज नेपाल, पत्रकार महासघ बारा के अध्यक्ष कमल उपाध्यय, कोल्हवी नगरपालिका के उपाध्यक्ष सुनैना देवी थरूनी चौधरी, थारू कल्याणकारी समाज के बारा अध्यक्ष रामप्रसाद चौधरी, कोल्हवी नपा ६ के वार्ड अध्यक्ष तथा नगरपालिका प्रवक्ता पुन्देव चौधरी आ थारू पत्रकार संघ नेपाल के केन्द्रीय कोषाध्यक्ष दृष्टान्त चौधरी लगायत के लोग पत्रकार सब के काम के बारे मे आ आपन विचार रखले रहलन ।

कार्जक्रम समाप्त भईला के वाद कार्जक्रम मे आईल अतिथी लोग के थारू लोग के परम्परागत खाना के परिकार खिया के विदाई कईल गईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।