बारा आ पर्सा के इन्धन व्यवसायी गठन कईलें संघर्ष समिति

वीरगंज ०२ माघ
इन्धन के कारोबार अमेलखगंज डिपो से करे खातिर नेपाल आयल निगम से देहल निर्देशन मे बारा आ पर्सा के व्यवसायीलोग असन्तुष्टि जनवले बाडन । अमलेखगंज से पेट्रोलियम पदार्थ लिअईला पर ढुवानी खर्च बेसी पडेके तर्क करत उलोग ई निर्णय ना सँचियईला पर आन्दोलन मे जाएके कहत संघर्ष समिति भी गठन कईले बाडन ।
जनवरी १६ अर्थात माघ ३ गते से डिजल, पेट्रोल के कारोबार अमलेखगंज डिपो से करे खातिर आयल निगम व्यवसायीलोग के पत्राचार कईले बा ।
भारत के मोतीहारी से नेपाल के अमलेखगन्ज तक ६९.२ किलोमिटर लम्हर पाइपलाइन निर्माण पुरा होके डिजल अयात होत आईल बा । पाइपलाइन मार्फत डिजल आयात करे लागल करिब डेढ बरीस के बाद आयल निगम बारा पर्सा के डिलर के अमलेखगंज से पेट्रोलियम पदार्थ लेवेके कहले बा । एकर अर्थ अब पेट्रोलियम पदार्थ के आयात आ वितरण के २ नं. प्रादेशिक कार्यालय अमलेखगंज डिपो केन्द्रित करेके तईयारी आयल निगम के बा ।
आयल निगम के प्रादेशिक कार्यालय, इन्धन डिपो अमलेखगंज के प्रबन्धक विदुर कोइराला बारा पेट्रोलियम डिलर्स एशोसियसन आ वीरगंज पेट्रोलियम डिलर्स एशोसियसन के पुस २९ गते हि पत्राचार करके जानकारी देहले बाडन ।
पत्र मे इन्डियन आयल कर्पोरेसन (आईओसी) रक्सौल डिपो से सुरक्षा के चलते १६ जनवरी २०२१ से पेट्रोल डिजल तथा मट्टीतेल के कारोबार बन्द होखेके बतावल गईल बा । इन्डियन आयल कर्पोरेशन पटना मे अतिरिक्त पम्प जडान करके प्रयाप्त मात्रा मे डिजल पाइपलाइन मार्फत उपलब्ध करावे के जानकारी देहल पत्र मे उल्लेख बा ।
साथे निगम के शाखा कार्यालय वीरगंज से स्थानीयस्तर मे हो रहल पेट्रोलियम पदार्थ के कारोबार रक्सौल डिपो बन्द भईला के बाद २ नं. प्रादेशिक कार्यालय अमलेखगंज से करेके जानकारी देहल गईल बा ।
भारतीय आयल निगम आइओसी रक्सौल डिपो पातर भईला के चलते असुरक्षित भईल, तेल उद्योग के सुरक्षा सम्बन्धी मापदण्ड ओआइएफडी मुताविक रक्सौल डिपो सञ्चालन योग्य ना रहल बतवले बा । अन्तरदेशीय पाइपलाइन से तेल आइल अवस्था मे एनओसी भी सडक मार्ग के प्रयोग घटावेके तईयारी मे बा । तत्काल के खातिर रक्सौल डिपो से आइओसी हवाई इन्धन मात्र देवेवाला भईल बा । पेट्रोल भारत के बरौनी डिपो से लियावल जाई ।
पर्सा बारा के व्यवसायीलोग वीरगंज शाखा कार्यालय मे सबेरे डिमान्ड लिखावेके, डिमाण्ड पास भईला के बाद भौचार बुझावत रहलन । निगम रक्सौल से तेल लिअईला के बाद कार्यालय बिलिङ करके पम्प मे पठावत आईल रहे । कार्यालय तक के ढुवानी खर्च निगम आ कार्यालय से पम्प तक के ढुवानी खर्च व्यवसायी व्यहोरत आईल रहलन ।
शाखा कार्यालय वीरगंज के प्रमुख मनोज ढकाल के मुताविक पर्सा–बारा के १ सय २५ आ रौतहट के २ गो डिलर के वीरगंज से पेट्रोलियम पदार्थ देत रहे । ओकरा खातिर आइओसी के रक्सौल डिपो से २० से २५ गो ट्याङ्कर पेट्रोलियम पदार्थ आवेला ।
माकिर व्यवसायीलोग निगम के ई निर्णय से असन्तुष्ट बाडन । अमलेखगंज से पेट्रोलियम पदार्थ लिअईला पर ढुवानी खर्च बेसी पडेके उलोग के तर्क बा । वीरगंज मे अभी के मूल्य से प्रतिलिटर ७० से ७५ पईसा महँगा मे पेट्रोलियम पदार्थ बिक्री करेके आ कलैया पोखरिया लगायत के क्षेत्र मे आउर १० पईसा प्रतिलिटर महँगा पडेके उलोग के कहनाम बा ।
नेपाल आयल निगम के प्रवक्ता विनितमणी उपाध्याय व्यवसायीलोग आन्दोलन मे गईला के औचित्य ना रहल बतवनी । उ व्यवसायीलोग भी अन्तरदेशीय पेट्रोलियम पाइपलाइन के भरपुर सदुपयोग करेके बतवनी ।
साथे अमलेखगंज मे बैंक अफ काठमाण्डु आ प्रभु बैंक के मात्र सेवा रहला से भौचर बुझावे मे समस्या होखेके व्यवसायीलोग बतवले बाडन । उ चलते व्यवसायीलोग निगम के निर्णय के विरोध मे आन्दोलन करेके तइयारी मे बाडन । शुरु मे पाँच बुँदे माग निगम से राखेके आ माग पूरा ना भईला पर आन्दोलन मे जाएके तइयारी उलोग के बा ।
पूर्ववत रुप मे भौचर बैंक मे दाखिला करे मिलेके, सप्लाइ के सुुनिश्चितता अनिवार्य होखेके, बिलिङ तथा डिमाण्ड पूर्ववत रुप मे वीरगंज से होखेके, पूर्ववत कायम रहल दर मे पेट्रोलियम पदार्थ मिलो आ सिद्धार्थ बैंक लिमिटेड कलैया शाखा मे नेपाल आयल निगम से खाता खोलेके उलोग के माग बा ।
माग पूरा करावे खातिर दबाव देवेके उद्देश्य से पर्सा–बारा के व्यवसायीलोग के संयुक्त भेला से वार्ता टोली आ संघर्ष समिति गठन कईले बा । वीरगंज डिलर्स एशोसियसन के अध्यक्ष विनोद चौरसिया, बारा डिलर्स एशोसियसन के अध्यक्ष सुरेन्द्र श्रीवास्तव लगायत वार्ता टोली तथा संघर्ष समिति मे बाडन ।
वीरगंज पेट्रोलियम डिलर्स एशोसियन के अध्यक्ष चौरसिया कहनी, “वीरगंज से एनओसी के कार्यालय हटावत बाडन, हमनी के पेट्रोलियम पदार्थ अमलेखगंज से लियाके बेंचेके कहले बाडन, उ बारेमे छलफल करेके खातिर पर्सा आ बारा के व्यवसायी साथीलोग के संयुक्त बईठक बईठल रहे, आन्दोलन मे जाएके निर्णय भईल बा । काहेकी अमलेखगंज से वीरगंज लिया के बेंचला पर ७०–७५ पईसा प्रतिलिटर महँगा पडी ।”
अमलेखगंज से जनकपुर, विराटनगर, झापा, भैरहवा पेट्रोलिम पदार्थ निगम हि ढुवानी कर रहल बा । एहितरे वीरगंज तक भी निगम से हि ढुवानी करेके माग खुदसब के रहल अध्यक्ष चौरसिया बतवनी ।
ढुवानी खर्च जोड के मूल्य निर्धारण करे मिली ः प्रवक्ता उपाध्याय
नेपाल आयल निगम के प्रवक्ता विनितमणी उपाध्याय व्यवसायीलोग आन्दोलन मे गईला के औचित्य ना भईल बतवनी । उ व्यवसायीलोग भी अन्तरदेशीय पेट्रोलियम पाइपलाइन के भरपुर सदुपयोग करेके बतवनी ।
“बारा, पर्सा के खातिर पेट्रोल, डिजल रक्सौल के डिपो सुरक्षा के कारण से बन्द करेके अवस्था आईल, हवाई इन्धन मात्र देवे सकेके कहके आईओसी कहले बा ।
पेट्रोल लेवे खातिर बरौनी जाएके अवस्था आईल,” कहत उ, “आपन देश मे पाइपलाइन से तेल आइल अवस्था बा । अईसन मे रक्सौल से पेट्रोलियम पदार्थ लिया के बिक्री कईल उपयुक्त ना देखल गईल, अब अमलेखगंज से वितरण के व्यवस्था कईल गईल बा ।”
उनका मुताविक डिपो के दाम मे तेल के बिक्री वितरण हो रहल बा, डिपो के १५ किलोमिटर के आसपास के खातिर निगम से तोकल दाम मे तेल बेंचेके पडि । १५ किलोमिटर से दुर के डिलर से ढुवानी खर्च जोड के बिक्रीवितरण करेके मिल सकता ।
देशभर के व्यवसायी के इहे नियम लागु कईला से पर्सा आ बारा के मात्र विशेष व्यवस्था खोजला के अर्थ ना भईल उनकर कहनाम बा ।
माकिर व्यवसायीलोग के आईल समस्या समाधान के खातिर छलफल करेला निगम हरदम तईयार रहल उ बतवनी ।






