पुलीस के मिलीभगत मे बिना लाइनसेन्स, बुल्लुबुक के खुल्लेयाम अटो, इ–रिक्सा चल रहल, दुर्घटना के जोखिम बढल

अजय कुमार चौरसिया

वीरगंज ०२ माघ,

पर्सा जिल्ला के ग्रामिण क्षेत्र से जिल्ला के सदरमुकाम बीरगंज बजार एरिया मे आवेवाला हरेक सवरी साधनसब खास करके बिना लाइनसेन्स, बुल्लु बुक फेल, पर्मिट भी ना रहला पर भी निर्वाध रुप मे संचालित रहल बा ।

पर्सा जिल्ला के भिस्वा बजार से संचालित अटोसब हरेक दिन ५÷७ जगहा से बेसी चेक पोष्टसब पार करके वीरगंज आवेला ।

ग्रामीण क्षेत्र से बीरगंज तक अईला पर जगहा जगहा मे ट्राफिक पुलीस आ ईलाका प्रहरी कार्यलयसब के चेकपोस्टसब बा । सवारी साधनसब के नियमितरुप मे ई रुट मे चलेवाला भाडा के सवारी साधनसब के चेकजाँच मे ध्यान ना देहला पर सार्जजनिक सवारी साधनसब मनमौजी तरिका से सवारी चलावत आ रहल बाडन ।

पर्सा के भिस्वा, लङडी, पोखरिया, बहुवर्वा, केहुनिया बिन्दवासिनी, ड्राइपोट आ बीरगंज के पावर हाउस चौक होत जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के रास्ता होके हरेक दिने सायो के संख्या मे ग्रामीण क्षेत्र से बीरगंज के बजार भितर तक आवत जावत करेवाला ९०५ अटो, इ–रिक्सा तथा टेम्पोसब बिना लाइसेन्स चल रहल बा ।

बीरगंज से ग्रामीण क्षेत्र तक आवे जाएवाला अटो, इ–रिक्सा तथा टेम्पो के इन्चार्जलोग हरेक दिन जनही ५० रोपेया से दर से हरेक गाडि से असुल के बीरगंज से पर्सा के भिस्वा तक के चेक पोस्ट के इन्चार्ज तथा सह–इन्चार्जलोग के पईसा देहला के बाद छुट मिल रहल एक अटो रिक्सा चालक नाम ना छापेके शर्त मे बतवले बानी ।

संघ सस्था से असुली कईल रोपेया कउनो भी संघ सस्था मे जम्मा ना हो रहल उ चालक बतवनी । पर्सा के ग्रामिण क्षेत्रसब से आके दिनभर वीरगंज मे अटो, ई–रिक्सा चलाके सँझिया आपन आपन घर ओरी जालन ।

निश्चित रुट, पर्किङ, स्टोपिज के व्यवस्था ना भईला से हरेक दिन बजार क्षेत्र मे जाम लाग रहल बा ।

अव्यवस्थित रुप मे अटो तथा ई–रिक्सा व्यवसायीलोग के चलते सर्वसाधारण जन्तासब बीरगंज बजार क्षेत्र के पान गली, लाठ गली, ६ नम्बर गेट जाएवाला रास्ता तथा आदर्श नगर होत घडीयर्वा पोखरी होत घणटाघर निकलेवाला रास्ता मे अटो तथा इ–रिक्सा के चलते हरेक दिन जाम होत आईल बा ।

महानगर के क्षमता से बेसी अटो, ई–रिक्सा तथा टेम्पोसब संचालन भईला से अईसन अवस्था आईल व्यवसायीलोग के कहनाम रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।