जनमत पार्टी के परोहा नपा वार्ड नं ७, ८ के प्रथम वार्ड अधिवेशन पुरा

मेवालाल यादव

रौतहट ०३ माघ,

जनमत पार्टी अधिवेशन तईयारी समिति रौतहट द्वारा तोकल गईल अधिवेशन परोहा नगरपालिका वार्ड नं ७ आ ८ के प्रथम वार्ड अधिवेशन पुरा भईल बा ।

पर्यवेक्षक रामउदय साह आ पवन साह के अध्यक्षता मे भईल सभा मे केन्द्रीय नेता आ जिल्ला के नेतालोग के सहभागीता रहल रहे ।

बितल ७० साल पहिले से संघर्षरत रहल मधेशी समुदाय के हजारो वीर सपुतलोग बलिदानी देहला पर भी नेतालोग के स्वार्थ के चलते जनता के हरदम धोका मिलल कहत अब के एक मात्र विकल्प जनमत पार्टी रहला से जनमत पार्टी हि मधेशी जनता के अधिकार सुनिश्चित करेके पार्टी के जिल्ला सचिव बिकास कुमार यादव बतवनी ।

एहितरे वर्तमान अवस्था मे कउनो ना कउनो वार्ड तथा पालिका मे जनमत पार्टी बाहेक सभी पार्टी के सरकार रहल बा माकिर कउनो भी एगो वार्ड के नमुना बनावे ना सकल दाबी करत भिजन बिना के जनप्रतिनिधी भईला से बढिया काम होखे ना सकल नेता यादव बतवनी ।

कार्जक्रम मे केन्द्रिय सदस्य बिरेन्द्र साह, युवा नगर अध्यक्ष बिवेक कुमार झा, दुर्गाभगवती गपा अध्यक्ष प्रकाश झा, क्षेत्र २ के क्षेत्रीय इन्चार्ज सचिन पटेल, बिद्यार्थी जनमत संघ के केन्द्रीय सदस्य अर्जुन कुशवाहा, ब्रिजेश चौरासी, ईशनाथ नपा अध्यक्ष रामउदय साह, वरिष्ठ नेतृत्व मण्डल के केन्द्रीय सदस्य जोगिन्द्र साह, राजदेव उपाध्याय लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।