रिच स्टेकर मेसिन कमी से कन्टेनर बन्दरगाह मे रुकल

वीरगंज ०४ माघ
देश के पहिलका सिर्सिया सुक्खा बन्दरगाह मे कन्टेनर लोड अनलोड करेवाला रिच स्टेकर मेसिन के कमी मे पिछिलका समय मे तीन हजार कन्टेनर रुकके बाहर जाए सकल नइखे ।
वीरगंज महानगरपालिका–२५ सिर्सियास्थित भारत सँगे रेल्वे सञ्जाल मे जुडल सुक्खा बन्दरगाह मे छ लेन के रेल्वे लाइन भईला पर भी तीन रेल्वे लाइन मर्मत तथा व्यवस्थित होखे ना सकला पर तिसरका देश से आवेवाला कन्टेनर राखेवाला जगहा के कमी भईल बा ।
करीब एक हजार ५३० कन्टेनर राखेवाला क्षमता भईल उ बन्दरगाह मे पिछिलका दिन मे कार्गो सामान बाहर जाए ना सकला पर करीब दोब्बर कन्टेनर रुकल अवस्था मे रहल बन्दरगाह के ठेकेदार कम्पनी प्रिस्टिन भ्याली डूाईपोर्ट प्रालि जनवले बा ।
दिन पर दिन रेलमार्गमार्फत उ बन्दरगाह मे आवेवाला कार्गो के सङ्ख्या बढत जा रहल अवस्था मे पर्याप्त रिच स्टेकर मेसिन के कमी मे कन्टेनर समय मे उठे ना सकला के बाद अईसन अवस्था आईल ड्राईपोर्ट प्रालि के प्रबन्धक विकास शर्मा बतवनी ।
उ कहनी कि, “रिच स्टेकर मेसिन के कमी मे अभी बन्दरगाह हाता भितर एक हजार २०० माल सामान से भरल कन्टेनर बाहर जाए ना सकला से रुकल बा ।”
पर्याप्त मात्रा मे बन्दरगाह भितर रिच स्टेकर मेसिन ना भईला से समय मे आयातकर्ता आपन सामान उठावे ना सकला पर ठेकेदार कम्पनी ब्यापारी सँगे १० प्रतिशत अविलम्ब शुल्क लेहला से आयातकर्ता आउर आर्थिक मार मे पडल सिकाईत उलोग के बा ।
एकरा से पहिले आयात तथा निर्यातकर्ता सभी कार्गो छ दिन के खातिर निःशुल्क सामान राखे मिलेके भईला से भारतीय ठेकेदार कम्पनी उ प्रालि बन्दरगाह के ठेक्का लेहला के बाद ई समय तीन दिन मात्र देहला से व्यवसायी आर्थिक मार मे पडत आईल बाडन ।
नेपाल इन्टरमोडल विकास समिति दु रिच स्टेकर मेसिन देवेके कहला पर भी अभी तक ना देहला के चलते कन्टेनर लेजाए लियावेमे समस्या देखल गईल प्रिस्टिन भ्याली के प्रबन्धक शर्मा के कहनाम बा ।
बन्दरगाह मे अभी प्रिस्टाइन भ्याली सँगे भारतीय नम्बर प्लेट के तीन तथा नेपाली नम्बर प्लेट के एक करके चार मेशिन काम कर रहल नेपाल इन्टरमोडेल यातायात विकास समिति के अधिकृत तर्कराज जोशी बतवनी ।
बिगडल पहिले के चार रिच स्टेकर मेसिन मर्मत के समय मे रहल अभी कन्टेनर ओसारपसार मे समस्या देखल गईल उ जानकारी देहनी ।
बन्दरगाह के तत्कालीन ठेकेदार कम्पनी हिमालय टर्मिन बिगड के मेसिन तीन महिना भितर प्रिस्टाइन कम्पनी के देवेके कहके सम्झौता कईला पर भी अभी तक उ सम्झौता पुरा करे ना सकला पर अईसन अवस्था आईल बतावल गईल बा ।






