पच वाँ पिपरा गोल्ड कप २०७७ फागुन ६ से १५ गते तक होखी

प्रभु यादव

बारा ०४ माघ

बारा के करैयामाई गाँवपालिका ७ पिपरा मे पच वाँ गोल्ड कप २०७७ फागुन ६ गते से १५ गते तक खेवावे के जानकारी करावले बा ।

पिपरा के पञ्चगछिया खेल मैदान मे प्रदेश १, २ आ ३ के उत्कृष्ट फुटवल खेलाडी भईल टिम के विच पिपरा गोल्ड कप सञ्चालन करे के सृजनशील युवा क्लव के अध्यक्ष बृजमोहन चौधरी जनकारी करावले रहनी ।

समाज के पहिचान आ प्रभावकता के व्यापक बनावत खेलकुद के माध्यम से समाजिक सद्भाव स्वास्थ्य आ संस्कुती निर्माण करे के उद्देश्य से विगत के चार बरीस से लगतार सञ्चालन करत आईल फुटबल खेल के पचवा वरीस मे सफलता पुर्वक होई पत्रकार सम्मेलन के प्रमुख अतिथि गाँवपालिका अध्यक्ष भुनेश्वर धामी जनकारी करावले रहनी ।

सरकार से बनावल नियम के अनुसार खेलकुद, शिक्षा आ स्वास्थ्य के क्षेत्र मे करैयामाई गाँवपालिका मे कार्य करत आरहल प्रमुख अतिथि धामी जनकारी देहनी । कार्जक्रम के विशिष्ट अतिथि गाँवपालिका के उपाध्यक्ष चित्रलेखा चौधरी खेल जगत मे उत्साहीत होरहल लोग के हरेक वार्ड से छनौट कर के प्रशिक्षण देवेके आवश्यक रहल जनावले रहनी ।

गाँवपालिका मे खेलकुद के बजेट कम रहल चाहके भि खेल जगत मे विकास ना करे सकल गईल बा ओकरा खातिर संघिय आ प्रदेश सरकार से पहल गकईल गईल उपाध्यक्ष चौधरी जनकारी करावले रहनी ।

फुटबल खेल पच वाँ पिपरा गोल्डकप २१ लाख के लागत लागेवाला अनुमानित खर्च होखे के जनकारी करावले रहल ।

खेल मे पहिला स्थान होखेवाला टिम के दु लाख पाँच हजार नगद सहित शिल्ड, मेडल आ प्रमाण पत्र देहल जाई जनकारी आयोजक देहले रहल ।

दुसरा होखेवाला के एक लाख पाँच हजार नगद शिल्ड, मेडल आ प्रमाण पत्र अउरी बहुते विधा मे उत्कृष्ट होखेवाला खेलाडी के पाँच हजार नगद सहित ट्रफी, मेडल, प्रमाण पत्र देहल जाई आयोजक समिति जनकारी करावले बा ।

कार्जक्रम मे विशिष्ट अतिथि करैया गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत राज कुशवाहा, वार्ड नम्वर २ के वार्ड अध्यक्ष सुरेन्द्र चौधरी, रेडियो कोल्हवी के प्रबन्ध निर्देशक अनिल प्रित, रेडियो पतालङ्गा के प्रबन्ध निर्देशक धिरेन्द्र पनुहर, भोजपुरी टाइम्स दैनिक के बारा प्रतिनिधि प्रभु यादव, थारू पत्रकार संघ नेपाल के बारा अध्यक्ष जियालाल चौधरी लगायत के लोग गोल्ड कप के शुभकामना देत सफलता के कमाना कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।