ठण्डी बढला के बाद स्कूल बन्द

वीरगंज ०४ माघ

बहुते ठण्डी बढला के चलते वीरगंज के विद्यालय तीन दिन के खातिर बन्द कईल बा ।

नेपाल शिक्षक महासंघ आ प्राइभेट एण्ड बोर्डिङ स्कुल अर्गनाइजेसन नेपाल वीरगंज महानगरपालिका संयुक्त विज्ञप्ति जारी करत विद्यालय बन्द करेके जानकारी देहले बा ।

महानगरपालिका भितर के सामुदायिक तथा संस्थागत विद्यालयसब के पठनपाठन माघ ४ गते से ६ गते तक स्थगित करेके सहमति भईल महासंघ वीरगंज के अध्यक्ष विनोद मेहता जानकारी देहनी ।

बढत गईल बहुते ठण्डा मौसम के चलते लईकालइकी के स्वास्थ्य मे पडे सकेवाला प्रतिकुल असर के सभ्भावना के मध्यनजर करके अनेकन विद्यालय के प्रधानाध्यापक, शिक्षक तथा अभिभावकलोग के परामर्श एवं वीरगंज महानगरपालिका सँगे के अनौपचारिक छलफल से विद्यालयसब के पठन पाठन स्थगित करेके सहमति भईल प्याब्सन वीरगंज के अध्यक्ष आलोककुमार चौरसिया बतवनी ।

वीरगंज महानगरपालिका शैक्षिक प्रशासन महाशाखा प्रमुख अरविन्दलाल कर्ण मौसम प्रतिकुल भईला से विद्यालय बन्द करेके निर्णय मे पुगल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।