शीतलहर से तराई के जनजीवन आउर कष्टकर

वीरगंज ०४ माघ

जाडा आ शीतलहर के चलते पर्सा, बारा, रौतहट लगायत मध्यतराई के जनजीवन आउर कष्टकर बनत गईल बा ।

आजु सबेरे से चलल शीतलहर आ जाडा से आदमी के आवे जाएमे समस्या भईल बा । बहुते कुहा भईला के चलते सवारीसाधन के आवतजावत करेमे समस्या भईल बा ।

अचानक बहुते कुहाँ भईला के बाद सवारीसाधन चलावेवाला डाईबर के भी समस्या भईल बा । शीतलहर सँगे बढत गईल ठण्डी के चलते खास करके बुढ तथा लईकालइकी के स्वास्थ्य मे अनेकन किसिम के समस्या देखल गईल नारायणी अस्पताल के डा. दिपक चौरसिया जानकारी देहनी ।

उ कोरोना सङ्क्रमण सँगे ठण्डी के चलते निमोनिया आ कोल्ड डायरीया के मरेजी के सङ्ख्या बढे सकेवाला भईला से उच्च स्वास्थ्य सतर्कता अपनावे खातिर, धिकल, झोलवाला पदार्थ, सकेभर घर से बाहर ना निकले खातिर सर्वसाधारण के निहोरा कइनी ।

बहुते कुहाँ केचलते सबेरे आ रात के समय मे गौर, चन्द्रपुर, कलैया, वीरगंज आवेवाला तथा बाहर आवेवाला सवारीसाधन के चालक तथा यात्रु के समस्या भईल बा ।

बहुते कुहा के चलते रास्ता भी तोपाएवाला भईला से सम्भावित दुर्घटना से बँचे खातिर जिल्ला ट्राफिक प्रहरी कार्यालय वीरगंज गाडी के बत्ती बारके आवतजावत करे खातिर चालक के निहोरा कईले बा ।

साथे ठण्डी के चलते विद्यालय तथा कलेज के पठनपाठन भी प्रभावित भईल बा । कोरोना सङ्क्रमण के चलते करिब आठ महिना के बाद खुलल विद्यालय तथा कलेज मे जाडा के चलते विद्यार्थी के सङ्ख्या न्यून रहल स्थानीय विद्यालय तथा कलेज के प्रधानाध्यापक जनवले बाडन ।

त्रिभुवन अन्तरर्राष्ट्रिय विमानस्थल काठमाण्डु के सब से लगे रहल सिमरा विमानस्थल के उडान भी बहुते कुहा के चलते प्रभावित भईल बा ।

कुहा लागला के चलते बेर बेर करके सबेरे के कुछ उडान देरी हो रहल नेपाल नागरिक उड्डयन प्राधिकरण सिमरा के उपप्रबन्धक सुरेन्द्र सिंह जानकारी देहनी ।

जाडा बढला सँगे जिल्ला विपद् व्यवस्थापन केन्द्र स्थानीय पालिका के समन्वय मे नगरपालिका आ गाँवपालिका के अनेकन चोक मे आगी बारेके व्यवस्था मिलवले बा ।

जाडा बढला सँगे रौतहट, बारा, पर्सा के ग्रामीण क्षेत्र मे चोक गल्ली मे आगी तथा घुर बारके तापेवाला के सङ्ख्या बढत गईल बा । स्थानीय बासिन्दा तत्काल लकडी के व्यवस्था करे खातिर सम्बन्धित पालिका तथा प्रशासन से स्थानियवासी निहोरा कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।