प्रदेश २ सरकार से शहीद परिवार के भरणपोषण मे ध्यान देवे खातिर राजेन्द्र महतो कइनी निहोरा

जनकपुरधाम ५ माघ

जनता समाजवादी पार्टी (जसपा) के वरिष्ठ नेता राजेन्द्र महतो शहीद परिवार के भरणपोषण के व्यवस्था मिलावे खातिर प्रदेश २ सरकार निहोरा कईले बा ।

मधेश आन्दोलन के शहीद के चलते मुख्यमन्त्री आ मन्त्री बनल कहत महतो शहीद परिवार के धोका ना देवे खातिर निहोरा कइनी ।

२०७२ साल के मधेश आन्दोलन के समय मे तत्कालिन संयुक्त लोकतान्त्रिक मधेशी मोर्चा शहीद परिवार के ५० लाख रोपेया देवेके घोषणा कईले रहे ।

‘उ समय मोर्चा मे अभी के हमनी के पार्टी के अध्यक्ष महन्थ ठाकुर, उपेन्द्र यादव भी रहनी’ मधेश बलिदानी दिवस के अवसर मे प्रदेश २ सरकार सोमार के दिने जनकपुरधाम मे कईल कार्जक्रम मे महतो कहनी, ‘उहे शहीद के बल मे मुख्यमन्त्री आ मन्त्री बनल बानी । उ घोषणा मुताविक ५० लाख के पूर्ति होखेवाला किसिम से काम त करेके पडल नु ?’

उ कहनी, ‘५० लाख गिन्ती करके देवे खातिर हम नइखी कहत, माकिर शहीद परिवार के भरणपोषण के खातिर ध्यान दि ।’

मधेशी शहीद प्रतिष्ठान जलदी गठन करके शहीद परिवार के शिक्षा, स्वास्थ्य मे सहजोग पुगेवाला किसिम से मासिक भत्ता देवे खातिर भी नेता महतो निहोरा कइनी ।

अभी तक प्रदेश के नामाकरण आ स्थायी राजधानी ना तोकल गईल उपर असन्तुष्टि व्यक्त करत नेता महतो जलदी ई कामसब अगाडि बढावेके भी बतवनी ।

उ मन्त्रीलोग आपन क्षेत्रमुखी बजेट मे बेसी ध्यान देहल कहत वितल समय मे कुछो भईला पर भी अब के २ बरीस के सुधार के बरीस बनावेके बिचार रखनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।