अपाङ्ग्ता परिचय पत्र बाँटे खातिर जिराभवानी गाँवपालिका १ मे घुम्ती शिबिर पुरा

मेघराज राय

जिराभवानी ०६ माघ

अपङ्गता परिचय पत्र वितरण के खातिर घुम्ती शिविर कार्जक्रम अन्तर्गत आजु पर्सा के जिराभवानी गाँव पालिका वार्ड नम्बर एक के वार्ड कार्यालय मे पुरा भईल बा ।

शिविर मे वार्ड भितर रहल अपाङता भईल आदमीसब लाल आ निलो परिचय पत्र बितरण कईल बा । शिविर मे वार्ड नम्बर एक पकडी टोल के बहुते अपाङ्ग साहिला काजी थारु शिविर के उदघाटन कईले रहनी ।

जिराभवानी गाँवपालिका के आयोजना मे पुरा भईल शिविर के संयोजक उषा देवि थरुनी, गाँवपालिका के प्रमुख प्रसाशकिय अधिकृत प्राण मेहता, वार्ड नं. एक के वार्ड अध्यक्ष शेख नुमान आजम, वार्ड सचिव प्रभु यादव, गाँवपालिका के स्वास्थ संयोजक सफिकुल अन्सारी, डाक्टरलोग दिपेन्द्र कुमार मण्डल, डा. मृगेन्द्र सिंह यादव, डा. श्रीमति दिपिका सिंह, आ रोसनी अचार्य शिविर मे अपाङ्ता भईल आदमीसब के पहिचान करके परिचय पत्र बाँटल गईल रहे ।

अईसे गाँवपालिका के वार्ड वार्ड मे जाके अपाङ्गसब के पहिचान करके बितरण बितरन करे लागला के बाद स्थानीय अपाङ्ता भईल आदमीसब खुसी भईल बाडन ।

पहिले अपाङ्गता परिचय पत्र के खातिर वीरगंज जाएके बाध्यता के चलते कैयन अपाङ्ता भईल आदमीसब अपाङ्ग भात्ता से बञ्चित भईला से गाँवपालिका वार्ड वार्ड मे जाके अपाङ्गगता परिचय पत्र बितरण घुम्ती शिबिर सन्चालन कईल गाँवपालिका के प्रशासकीय अधिकृत प्राण मेहता बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।